Plane Crash : अंडमान के समुंदर में हेलीकॉप्टर हादसा, 7 लोग सवार रहे, सब केहू सुरक्षित

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 24, 2026

नई दिल्ली। झारखंड में विमान हादसा के बाद अब अंडमान के समुंदर में हेलीकॉप्टर क्रैश होखे के खबर सामने आइल बा। एह हेलीकॉप्टर में कुल 7 लोग सवार रहे। हालांकि राहत के बात ई बा

Share

Andaman Sea Helicopter Crash Near Mayabunder

नई दिल्ली। झारखंड में विमान हादसा के बाद अब अंडमान के समुंदर में हेलीकॉप्टर क्रैश होखे के खबर सामने आइल बा। एह हेलीकॉप्टर में कुल 7 लोग सवार रहे। हालांकि राहत के बात ई बा कि हादसा में सवार सब लो0ग सुरक्षित बचा लिहल गइल बा।

अंडमान-निकोबार द्वीप समूह के मायाबंदर इलाका के लगे पवन हंस कंपनी के हेलीकॉप्टर लैंडिंग के दौरान शॉर्ट क्लाइंबिंग के शिकार हो गइल। ई हादसा मंगर, 24 फरवरी के सबेरे करीब 9 बजके 30 मिनट पs भइल।

सब यात्री सुरक्षित

पवन हंस के प्रवक्ता बतवलें कि हेलीकॉप्टर पोर्ट ब्लेयर से उड़ान भरले रहे, जवना में 2 क्रू मेंबर आ 5 पैसेंजर सवार रहे। हादसा के बाद तुरंत रेस्क्यू ऑपरेशन चलावल गइल आ हेलीकॉप्टर में मवजूद सब लोगन के सुरक्षित बाहर निकाल लिहल गइल। केहूओ के घायल होखे के खबर नइखे।

अधिकारी लोग पुष्टि कइल कि नॉर्थ आ मिडिल अंडमान जिला के मायाबंदर से उड़ान भरला के कुछ देर बाद हेलीकॉप्टर समुंदर में क्रैश-लैंडिंग कइलस, बाकिर समय रहते सब लोगन के बचा लिहल गइल।

टेक्निकल खराबी के आशंका

रेस्क्यू कइल गइल सब यात्री आ क्रू मेंबरन के एहतियातन अस्पताल में भरती करावल गइल बा। सीनियर सिविल एविएशन अधिकारी बतवलें कि सुरुआती जांच में टेक्निकल खराबी के संकेत मिलल बा, जवना चलते पायलट के समुंदर में इमरजेंसी लैंडिंग करे के पड़ल।

एकरा पहिले सोमार के सांझ झारखंड के चतरा जिला में मेडिकल एयर एंबुलेंस प्लेन क्रैश भइल रहल, जवना में 7 लोग के मौत हो गइल। प्लेन बिरसा मुंडा एयरपोर्ट से उड़ान भरला के करीब 20-25 मिनट बाद रडार से गायब हो गइल रहल आ बाद में जंगल इलाका में क्रैश हालत में मिलल।

Read Also: Greater Noida : लुक्सर में गोली मारके आ गला काटके सरेराह जुवक के बेरहमी से हत्या

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.