पिकअप आ बाइक के टक्कर में 2 घायल: गोपालगंज से लवटत रहे लो, हादसा के बाद आरोपी चालक मवका से भइल फरार

khabar Bhojpuri Desk

गोपालगंज नगर थाना क्षेत्र के थावे गोपालगंज बाइपास पs अनियंत्रित पिकअप बाइक सवार दु जुवकन के धक्का मार देलस आ मवका से फरार हो गइल। स्थानीय लोगन के मदद से तत्काल सूचना डायल 112 टीम के दिहल गइल। सूचना पs डायल 112 के टीम मवका पs पहुंचल आ गोपालगंज सदर अस्पताल के इमरजेंसी वार्ड में भर्ती करवलस। जहां एगो जुवक के इस्थिति नाजुक देखत बेहतर इलाज खातिर गोरखपुर रेफर कs दिहल। घायलन के पहचान नगर थाना क्षेत्र के बसडिला गांव निवासी तस्लीम अंसारी के बेटा परवेज अली आ ओहि गांव के निवासी प्रिंस कुमार के रूप में भइल बा।

एगो के स्थिति गंभीर

जख्मी प्रिंस कुमार आ परवेज अली बाइक से गोपालगंज कवनो काम के सिलसिला में आइल रहे लो। वापस लवटला के दौरान दुनो लोग जइसही बाइपास पs पहुंचल लो, तबे उल्टा दिशा से आ रहल अनियंत्रित पिकअप बाइक में टक्कर मार देलस। प्रिंस कुमार के इस्थिति गंभीर देखत डॉक्टर प्राथमिक उपचार के बाद बेहतर इलाज खातिर गोरखपुर रेफर कs देलस। परवेज अली के इलाज गोपालगंज सदर अस्पताल के इमरजेंसी वार्ड में चल रहल बा।

Share This Article
खबर भोजपुरी के आधिकारिक समाचार अपडेट प्रोफ़ाइल पs रउआ सभे के स्वागत बा।