[the_ad_group id="30365"]

यमुना एक्सप्रेस-वे पs कोहरा बनल आफत, 6 वाहनन के भइल टक्कर, एगो के मउत आ 10 गो घायल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

गौतम बुद्ध नगर जिला के जेवर इलाका में यमुना एक्सप्रेसवे पs कई गो गाड़ियन के टक्कर में एक आदमी के मउत हो गइल आ दस जने घवाहिल हो गइले। पुलिस के कहनाम बा कि, शुक के देर रात यमुना एक्सप्रेसवे पs करौली बांगर गांव के नजदीक भईल एs घटना में एगो बस आगे बढ़त कैंटर से टकरा गईल। जेवर थाना के प्रभारी निरीक्षक मनोज कुमार सिंह बतवले कि एकरा बाद पीछे आवत गाड़ी एक के बाद एक टकराए लागल।

घाही में से 2 लोग के हालत गंभीर 

उs बतवले कि सूचना मिलला के बाद पुलिस मउका पs पहुंचल अवुरी बहुत मेहनत के बाद घाही लोग के निकाल के अस्पताल में भर्ती करवलस। सिंह कहले कि, इटावा निवासी सत्यप्रकाश के इलाज के दौरान मउत हो गईल।उs कहले कि एs घटना में घाही अवुरी लोग के जेवर अवुरी ग्रेटर नोएडा के अलग-अलग अस्पताल में इलाज होखता, जवना में से दुs लोग के हालत गंभीर बा। स्टेशन प्रभारी बतवले कि शायद घना कोहरा के चलते दुर्घटना भईल अवुरी मामला के जांच जारी बा।

कैंटर आ गाड़ी के परखच्चा उड़ गइल

इs हादसा एतना भयानक रहे कि कैंटर अवुरी बाकी गाड़ी तबाह हो गईल। जेवर थाना मौका प पहुंचल अवुरी ट्रैफिक पुलिस के संगे-संगे गाड़ी के बगल में ले गईल। यमुना एक्सप्रेसवे प भईल दुर्घटना के बाद जेवर पुलिस घोषणा क के सभका से धीरे-धीरे गाड़ी चलावे के अपील कईले बिया।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]