Delhi Fire: शाहदरा में एगो इमारत में लागल आग, मासूम समेत चार लोग के दर्दनाक मउत,एगो बूढ़ आ एगो लईकी झुलस गइल

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 26, 2024

  दिल्ली के शाहदरा में एगो दुखद हादसा हो गइल। इहां रामनगर के एगो भवन में आग लगला से चार लोग के मउत हो गईल, जबकि दु लोग जर गईले। मामिला के जानकारी मिलला के

Share

 

दिल्ली के शाहदरा में एगो दुखद हादसा हो गइल। इहां रामनगर के एगो भवन में आग लगला से चार लोग के मउत हो गईल, जबकि दु लोग जर गईले। मामिला के जानकारी मिलला के बाद फायर ब्रिगेड के गाड़ी मउका पs पहुंचल। बहुत मेहनत के बाद आग पs काबू पा लिहल गईल। घाही के इलाज खखातीर जीटीबी अस्पताल पहुंचावल गईल बा।

मॉडर्न शाहदरा के रामनगर इलाका के गली नम्बर 26 में स्थित चार मंजिला इमारत में सांझ के भारी आग लाग गईल। जानकारी मिलला के बाद पांच फायर टेंडर अवुरी पुलिस टीम तुरंत मउका पs पहुंच गईल। साँझ 6:55 बजे ले आग पs काबू पा लिहल गइल। भवन के ग्राउंड फ्लोर पs राखल रबर मटेरियल अवुरी रबर कटिंग मशीन में आग लागे के कारण एs दुर्घटना के कारण बतावल जाता।

जान गंवावे वाला लोग के पहचान प्रथम सोनी (17 साल), रचना (28 साल), गौरी सोनी (40 साल), रुही (9 महीना) के रूप में भईल बा। जबकि 16 साल के राधिका अवुरी 70 साल के प्रभावती घाही हो गईली। दुर्घटना के दौरान एगो बच्चा समेत कुल 6 लोग इमारत के भीतर फंसल रहले, जवना के फायर ब्रिगेड के जवान बचा लेले। एकरा बाद सभके इलाज खातीर जीटीबी अस्पताल पहुंचावल गईल। उहां एगो बच्चा समेत चार लोग के मउत हो गईल। घायल लोग के इलाज जारी बा।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.