[the_ad_group id="30365"]

पटना एयरपोर्ट पर पायलट के सूझबूझ से बचल 170 यात्र‍ियन के जान, प्‍लेन लैंड करत घरी एगो चिरई से टकराइल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार के पटना एयरपोर्ट पर एगो बड़ा हादसा भइले से बच गइल। इहां पर गोएयर के विमान से एगो चिरई से टकरा गइल। फिलहाल सब यात्री सुरक्षित बानें। जानकारी के अनुसार, मंगर के गोएयर के प्लाइट बैंगलुरु से पटना आवत रहे। एह दौरान विमान के पंख से एगो चिरई टकरा गइल। 11 बज के 35 मिनट विमान अइले के समय रहल। लेकिन लैंडिंग से पहिलही बर्ड हिट भइल। हालांकि, पायलट के सूझबूझ के चलते बड़ा हादसा टल गइल अउर विमान के सुरक्षित लैंडिंग भइल।

बतावल जा रहल बा कि विमान के पंख में तनी खराबी आइल बा जेके ठीक करे के कोशिश कइल जा रहल बा। फिलहाल, विमान रनवे पs खड़ा बा। तकनीकी अधिकारी लोग विमाना के मुआयना कइले बानें। विमान पूरा तरह से यात्रियन से भरल रहे अउर 170 से अधिक यात्री विमान में सवार रहनें। ठीक होखले पर वापस भेजल जाई। उहवें, यात्रियन के दूसरे विमान से भेजे के प्रबंध कइल गइल बा।

एयरपोर्ट पर धुंध से परेशानी

बतावत चलीं कि पटना एयरपोर्ट पर फिलहाल 40 जोड़ा विमान चलला। हालांकि, मौजूदा समय में घन कुहासा के चलते विमानन के परिचालन काफी प्रभावित हो रहल बा। विजिबिलिटी कम होखले के चलते रोजाना विमान लेट हो रहल बानें सब। खास कs के बिहाने अउर देर साँझ के आवे वाला विमान बहुते प्रभावित भइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]