Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

छह जनवरी ले घन कोहरा के चेतावनी, फतेहपुर सबसे ठंडा, न्यूनतम पारा 5 डिग्री दर्ज

156

उत्तर प्रदेश में कोल्ड-डे कंडीशन सक्रिय बा। आंचलिक मौसम विज्ञान केन्द्र लखनऊ के मौसम विज्ञानियन के मुताबिक, कोहरा अउर गलन के बीच फतेहपुर प्रदेश में सबसे ठंडा रहल, इहां न्यूनतम पारा 5 डिग्री रहल, जौन कि सामान्य से 4 डिग्री कम रहल। कानपुर नगर में पारा 5.4 डिग्री रहल, जौन कि सामान्य से 3.2 डिग्री कम दर्ज भइल। कानपुर नगर के अधिकतम तापमान 13.4 डिग्री दर्ज भइल, ई सामान्य से लगभग 9.1 डिग्री कम रहल। प्रदेश के ज्यादातर शहर में दिन के अधिकतम तापमान सामान्य से कम रहल।

मौसम विज्ञान केंद्र छह जनवरी ले प्रदेश के तमाम हिस्सा में घन से ढ़ेर घने कोहरा के चेतावनी जारी कइले बा। कौशांबी, प्रयागराज, प्रतापगढ़, मिर्जापुर, चंदौली, वाराणसी, जौनपुर, गोरखपुर, महाराजगंज, गोंडा, बलरामपुर, मेरठ, अमरोहा, मुरादाबाद, रामपुर, बरेली, लखीमपुर खीरी, सिद्धार्थनगर, बस्ती, कुशीनगर अउर आसपास के इलाका खातिर ढ़ेर घन कोहरा चेतावनी जारी कइल गइल बा। उहवें बुंदेलखंड के कई जिला, लखनऊ केआसपास के शहर, गोरखपुर अउर वाराणसी के आसपास के शहर समेत पश्चिमी उत्तर प्रदेश के कई शहर खातिर कोल्ड-डे के चेतावनी जारी कइल गइल बा। एह इलाकन में से कुछ के येलो त कुछ के ऑरेंज अलर्ट पs रखल गइल बा।

शीतलहर में भी मिल रहल बानें डेंगू अउर मलेरिया के मरीज

प्रदेश में शीतलहर के दौरान भी डेंगू अउर मलेरिया के मरीजन के मिलले के सिलसिला जारी बा। प्रदेश में अब ले मलेरिया के 3725 अउर डेंगू के 20,297 मरीज मिल चुकल बा। करीब सप्ताह भर में डेंगू के 119 अउर मलेरिया के 178 मरीज मिलल बानें। चिकित्सा विशेषज्ञ एके मच्छरन के सहनशीलता बढ़ले के तौर पर देख रहल बानें।

429530cookie-checkछह जनवरी ले घन कोहरा के चेतावनी, फतेहपुर सबसे ठंडा, न्यूनतम पारा 5 डिग्री दर्ज

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.