विदेशन में लगातार बढ़ रहल कोरोना के मरीजन के संख्या के देखत स्वास्थ्य विभाग तैयारी शुरू कs दिहले बा। सात सीएचसी (सामुदायिक स्वास्थ्य केंद्र) समेत जिला के 13 स्थान पर 17 ऑक्सीजन प्लांट लगावल जा चुकल बा। एह प्लांट के ट्रायल पिछले माह भइल बा। एहमें 15 प्लांट पूरा तरह से तैयार बा। जबकि, दू प्लांट में ऑक्सीजन के शुद्धता निम्मन नइखे मिलल बा। एह पर सीएमओ संबंधित विभाग के इंजीनियर के चिट्ठी भेज के ठीक करावे के निर्देश दिहले बानें।
कोरोना के दूसर लहर के बीच अप्रैल अउर मई माह में मरीजन के संख्या बढ़ले पs सरकारी अउर निजी अस्पताल में ऑक्सीजन खातिर हाहाकार मच गइल बा। ऑक्सीजन के सिलिंडर खातिर मरीज अउर उनके तीमारदार मनमानी रकम देवे के तैयार रहनें। एकरे बाद भी लोग के सिलिंडर नाइ मिलत रहे। ऑक्सीजन के कमी के चलते कई मरीजन के जान ले चल गइल।
मुख्यमंत्री के पहल पर तीसरी लहर से पहिले जिला के सात सीएचसी समेत बीआरडी मेडिकल कॉलेज, एम्स अउर बड़हलगंज होम्योपैथी कॉलेज, चौरीचौरा, हरनही, कैंपियरगंज सीएचसी, गोरक्षनाथ चिकित्सालय में ऑक्सीजन प्लांट लगावल गइल। एह प्लांट के लगले के बाद मरीजन के बेड ले ऑक्सीजन के सप्लाई शुरू हो गइल बा।
हरनही अउर सहनजवां में नाइ मिलल शुद्ध ऑक्सीजन
सीएमओ बतवलें कि जिला के सब 17 ऑक्सीजन प्लांट के जांच पिछले महीने कइल गइल रहे। एहमें हरनही अउर सहजनवां सामुदायिक स्वास्थ्य केंद्र पs ऑक्सीजन के शुद्धता ठीक नाइ मिलल रहे। मानक के अनुसार 93 से ऊपर ऑक्सीजन के शुद्धता होखे के चाहीं। जबकि, एह दूनों केंद्र पर 90.3 के आसपास ऑक्सीजन के शुद्धता मिलल बा।
स्थान | क्षमता एलएमपी में (लीटर प्रति मिनट) | बेड |
बीआरडी मेडिकल कॉलेज | 1000 | 1000 |
जिला अस्पताल | 1960 | 305 |
महायोगी गोरखनाथ विश्वविद्यालय | 600 | 200 |
चौरीचौरा सीएचसी | 500 | 50 |
100 बेड टीबी अस्पताल | 400 | 100 |
कैंपियरगंज सीएचसी | 300 | 60 |
हरनही सीएचसी | 300 | 50 |
एम्स | 400 | 100 |
होम्योपैथी मेडिकल कॉलेज बड़हलगंज | 300 | 100 |
सहजनवां सीएचसी | 333 | 30 |
चरगांवा सीएचसी | 250 | 30 |
पिपरौली सीएचसी | 333 | 30 |
महिला अस्पताल | 1000 | 200 |
बासगांव सीएचसी | 166 | 30 |
सीएमओ डॉ. आशुतोष दूबे कहनें कि 17 ऑक्सीजन प्लांट अस्पताल में लगा दिहल गइल बा। इनकर जांच कइल जा चुकल बा। तीसरा लहर में प्लांट के जरूरत नाइ पड़ल रहे। एह बेर भी विभाग कोरोना से लड़ाई खातिर पूरा तरह तैयार बा।
Post Views: 6