[the_ad_group id="30365"]

देश में कोरोना के खतरा:दुनिया के पहिला नेजल वैक्सीन के मिलल सरकार के मंजूरी, बूस्टर के तौर पs लागी; निजी अस्पतालन में रही उपलब्ध

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

स्वास्थ्य मंत्रालय इंटरनेशनल ट्रेवलर्स खातिर गाइडलाइंस जारी कइले बा। एहमें एयरपोर्ट पर रैंडम सैंपलिंग अउर कोविड प्रोटोकॉल के पालन करे के कहल गइल बा। दुनिया के पहिला नेजल कोरोना वैक्सीन के भारत सरकार मंजूरी दे दिहले बा। कोवैक्सिन बनावे वाला हैदराबाद के भारत बायोटेक एके बनवले बा। नाक से लीहल जाए वाली एह वैक्सीन के बूस्टर डोज के तौर पर लगावल जा सकी। सबसे पहिले एके प्राइवेट अस्पताल में उपलब्ध करावल जाई। एकरे खातिर पइसा देवे के होई। न्यूज एजेंसी के मुताबिक, एके कोरोना वैक्सीनेशन प्रोग्राम में शामिल कs लिहल गइल बा।

भारत बायोटेक के नेजल वैक्सीन के नाम iNCOVACC रखल गइल बा। पहिले एके BBV154 कहल गइल रहल। एके नाक के जरिए शरीर में पहुंचावल जाई। एकर खास बात ई ह कि शरीर में जइतही ई कोरोना के इन्फेक्शन अउर ट्रांसमिशन दूनों के ब्लॉक करsला। एह वैक्सीन में इंजेक्शन के जरूरत नाइ पड़sला, एहलिए एहसे चोट लगले के खतरा नइखे। साथही हेल्थकेयर वर्कर्स के भी खास ट्रेनिंग के जरूरत नाइ पड़ी।

एन्ने, भारत में कोरोना के बढ़त खतरा के बीच केंद्रीय स्वास्थ्य मंत्री मनसुख मांडविया आजु दोपहर 3 बजे राज्यन केंद्र शासित प्रदेश के स्वास्थ्य मंत्रियन के साथ बैठक करिहें। मीडिया रिपोर्ट्स के मुताबिक, मीटिंग में कोविड के स्थिति अउर तैयारियन पर चर्चा होई। एकरे साथही केंद्र सरकार लोग के मास्क लगावे के सलाह दे सकsता, लेकिन ओके अनिवार्य नाइ करी।

देश में पिछले 24 घंटा में कोरोना के 164 नयका केस सोझे आइल बा, जबकि 9 लोग के मौत हो गइल। एमें 2 मौत महाराष्ट्र अउर एक मौत दिल्ली में भइल, बाकी के 6 मौत केरल में भइल बा, जौन पहिले के डेटा ह अउर अभीन सामने आइल बा। देश में कोरोना के कुल मामिला 4,46,77,903 हो गइल बा, जबकि मरे वालन के संख्या 5,31,925 हो चुकल बा। उहवें, 4,41,30,223 लोग ठीक भइल बानें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]