पिलर के बीच फंसल बच्चा..पुल के तुड़ल जा रहल बा: सासाराम में 2 दिन से लापता रहे, गैप के बीच से दिख रहल बा हाथ; रेस्क्यू जारी

Share

रोहतास में सोन नदी पs बनल पुल के दु गो पिलर के बीच 24 घंटा से एगो 11 साल के बच्चा फंसा बा। गैप से बच्चा के हाथ दिख रहल बा। सांझे से ओकरा के निकाले के कोसिस कइल जा रहल बा। रातो में टीम पहुंचल, बाकिर बच्चा के ना निकालल जा सकल।

बियफे के सबेरे से फेर से बच्चा के रेस्क्यू करे के कोसिस कइल जा रहल बा। टीम ऑक्सीजन सिलेंडर के संगे मवका पs पहुंचल बिया। पुल के ऊपर से तुड़कके बच्चा तक पहुंचे के कोसिस कइल जा रहल बा।

एह घटना के बाद नासरीगंज इलाका में अफरा-तफरी के माहौल बन गइल बा। बतावल जा रहल बा कि बच्चा दु दिन से लापता रहे।

जानकारी के मोताबिक, बुध के दु गो पिलर के बीच नाबालिग के फंसल देख लोग उहां जमा हो गइल। बच्चा के परिजन ओकरा के निकाले के बहुत कोसिस कइल लो, बाकिर असफल रहल लो। एकरा बाद स्थानीय प्रशासन के एकर जानकारी दिहल गइल।

नाबालिग के नाम रंजन कुमार हs, जवन खिरिआव गांव के रहे वाला बा। ओकरा पिता शत्रुघ्न प्रसाद बतवलें कि बेटा मानसिक रूप से विक्षिप्त बा आ ऊ पिछला दु दिनन से लापता रहे। परिजन ओकर लगातार खोजबीन करत रहे लो।

बुध के दुपहरिया एगो महिला पुल पs फंसल बच्चा के रोवत देखलस। एकरा बाद ऊ परिजन के सूचना देलस। मवका पs मवजूद भीड़ पहिले अपना स्तर से फंसल लईकन के निकाले के प्रयास कइल बाकिर जब ऊ ना निकल सकल तब पुलिस प्रशासन के सूचना दिहल गइल।

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-