Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

समस्तीपुर मंडल: बिहार जाये वाला 10 मेमू स्पेशल ट्रेन रद्द, एह 17 ट्रेनन के रूट बदलल, देखीं पूरा सूची

परिचालन दक्षता में बढ़न्ती खातिर इहां रेल विकास से जुड़ल कइयन काम कइल जा रहल बा। एकरा के लेके 10 ट्रेनन के परिचालन रद्द कइल गइल बा। एकरा अलावे सप्तक्रांति मिथिला जननायक जनसाधारण एक्सप्रेस चंपारण हमसफर गांधीधाम स्पेशल बापूधाम सुपरफास्ट समेत 17 एक्सप्रेस ट्रेनन के मार्ग बदलल बा।

334

समस्तीपुर मंडल के जीवधारा-पीपरा-चकिया रेलखंड के दोहरीकरण काम के मद्देनजर मुजफ्फरपुर-नरकटियागंज रेलखंड पs चले वाली ट्रेनन के परिचालन में अस्थायी बदलाव कइल गइल बा।

परिचालन दक्षता में बढ़न्ती खातिर इहां रेल विकास से जुड़ल कइयन गो काम कइल जा रहल बा। एकरा के लेके 10 ट्रेनन के परिचालन रद्द कइल गइल बा।

एकरा अलावा सप्तक्रांति, मिथिला, जननायक, जनसाधारण एक्सप्रेस, चंपारण हमसफर, गांधीधाम स्पेशल, बापूधाम सुपरफास्ट समेत 17 एक्सप्रेस ट्रेनन के परिचालन में मार्ग परिवर्तिन कइल गइल बा।

एह ट्रेनन के रद्द कइल गइल परिचालन

  • ट्रेन संख्या 05257 मुजफ्फरपुर-नरकटियागंज मेमू पैसेंजर स्पेशल 27 से 29 मार्च तक।
  • ट्रेन संख्या 05258 नरकटियागंज-मुजफ्फरपुर मेमू पैसेंजर स्पेशल 27 से 30 मार्च तक।
  • ट्रेन संख्या 05259 मुजफ्फरपुर-नरकटियागंज मेमू पैसेंजर स्पेशल 27 से 29 मार्च तक।
  • ट्रेन संख्या 05260 नरकटियागंज-मुजफ्फरपुर मेमू पैसेंजर स्पेशल 28 से 30 मार्च तक।
  • ट्रेन संख्या 05261 मुजफ्फरपुर-रक्सौल मेमू पैसेंजर स्पेशल 27 से 30 मार्च तक।
  • ट्रेन संख्या 05262 रक्सौल-मुजफ्फरपुर मेमू पैसेंजर स्पेशल 27 से 30 मार्च तक।
  • ट्रेन संख्या 05287 मुजफ्फरपुर-रक्सौल मेमू पैसेंजर स्पेशल 27 से 29 मार्च तक।
  • ट्रेन संख्या 05288 रक्सौल-मुजफ्फरपुर मेमू पैसेंजर स्पेशल 28 से 30 मार्च तक।
  • ट्रेन संख्या 15215 मुजफ्फरपुर-नरकटियागंज एक्सप्रेस 28 आ 29 मार्च के।
  • ट्रेन संख्या 15216 नरकटियागंज-मुजफ्फरपुर एक्सप्रेस 27 से 29 मार्च तक।

मार्ग परिवर्तित कs के परिचालित कइल जाये वाला ट्रेन

  • भागलपुर से 27 मार्च के प्रस्थान करे वाली ट्रेन संख्या 09452 भागलपुर-गांधीधाम एक्सप्रेस परिवर्तित मार्ग वाया मुजफ्फरपुर-सीतामढ़ी-रक्सौल-सगौली के रास्ते चली।
  • सहरसा से 29 मार्च के प्रस्थान करे वाली ट्रेन संख्या 15529 सहरसा-आनंद विहार टर्मिनल एक्सप्रेस परिवर्तित मार्ग वाया मुजफ्फरपुर-सीतामढ़ी-रक्सौल-सगौली के रास्ते चली।
  • कटिहार से 27 मार्च के प्रस्थान करे वाली ट्रेन संख्या 15705 कटिहार-नई दिल्ली एक्सप्रेस परिवर्तित मार्ग वाया मुजफ्फरपुर-सीतामढ़ी-रक्सौल-सगौली के रास्ते चली।
  • नई दिल्ली से 28 मार्च के प्रस्थान करे वाली ट्रेन संख्या 15706 नई दिल्ली-कटिहार एक्सप्रेस परिवर्तित मार्ग वाया सगौली-रक्सौल-सीतामढ़ी-मुजफ्फरपुर के रास्ते चली।
  • मुजफ्फरपुर से 29 मार्च के प्रस्थान करे वाली ट्रेन संख्या 12537 मुजफ्फरपुर-प्रयागराज रामबाग एक्सप्रेस परिवर्तित मार्ग वाया मुजफ्फरपुर-सीतामढ़ी-रक्सौल-सगौली के रास्ते चली।
  • प्रयागराज रामबाग से 27 आ 29 मार्च के प्रस्थान करे वाली ट्रेन संख्या 12538 प्रयागराज रामबाग-मुजफ्फरपुर एक्सप्रेस परिवर्तित मार्ग वाया सगौली-रक्सौल-सीतामढ़ी-मुजफ्फरपुर के रास्ते चली
  • मुजफ्फरपुर से 27, 28 आ 29 मार्च के प्रस्थान करे वाली ट्रेन संख्या 12557 मुजफ्फरपुर-आनंद विहार टर्मिनस सप्तक्रांति सुपर फास्ट एक्सप्रेस परिवर्तित मार्ग वाया मुजफ्फरपुर-सीतामढ़ी-रक्सौल-सगौली के रास्ते चली।
  • आनंद विहार टर्मिनल से 26 से 29 मार्च तक प्रस्थान करे वाली ट्रेन संख्या 12558 आनंद विहार टर्मिनल-मुजफ्फरपुर एक्सप्रेस परिवर्तित मार्ग वाया सगौली-रक्सौल-सीतामढ़ी-मुजफ्फरपुर के रास्ते चली।
  • हावड़ा से 28 आ 29 मार्च के प्रस्थान करे वाली ट्रेन संख्या 13021 हावड़ा-रक्सौल मिथिला एक्सप्रेस परिवर्तित मार्ग वाया मुजफ्फरपुर-सीतामढ़ी के रास्ते चली।
  • रक्सौल से 27, 28 आ 29 मार्च के प्रस्थान करे वाली ट्रेन संख्या 13022 रक्सौल-हावड़ा मिथिला एक्सप्रेस परिवर्तित मार्ग वाया सीतामढ़ी-मुजफ्फरपुर के रास्ते चली।
  • मुजफ्फरपुर से 27 मार्च के प्रस्थान करे वाली ट्रेन संख्या 15001 मुजफ्फरपुर- देहरादून एक्सप्रेस परिवर्तित मार्ग वाया मुजफ्फरपुर-सीतामढ़ी-रक्सौल-सगौली के रास्ते चली।
  • दरभंगा से 27, 28 आ 29 मार्च के प्रस्थान करे वाली ट्रेन संख्या 15211 दरभंगा- अमृतसर जननायक एक्सप्रेस परिवर्तित मार्ग वाया सीतामढ़ी-रक्सौल-सिकटा-नरकटियागंज के रास्ते चली।
  • अमृतसर से 26, 27 आ 28 मार्च के प्रस्थान करे वाली ट्रेन संख्या 15212 अमृतसर-दरभंगा जननायक एक्सप्रेस परिवर्तित मार्ग वाया नरकटियागंज-सिकटा-रक्सौल-सीतामढ़ी के रास्ते चली।
  • लोकमान्य तिलक टर्मिनल से 27 मार्च के प्रस्थान करे वाली ट्रेन संख्या 15268 लोकमान्य तिलक टर्मिनल-रक्सौल एक्सप्रेस परिवर्तित मार्ग वाया मुजफ्फरपुर-सीतामढ़ी के रास्ते चली।
  • बांद्रा टर्मिनल से 25 आ 27 मार्च के प्रस्थान करे वाली ट्रेन संख्या 19037 बांद्रा टर्मिनल-बरौनी अवध एक्सप्रेस परिवर्तित मार्ग वाया सगौली-रक्सौल-सीतामढ़ी-मुजफ्फरपुर के रास्ते चली।
  • बरौनी से 27, 28 आ 29 मार्च के प्रस्थान करे वाली ट्रेन संख्या 19038 बरौनी-बांद्रा टर्मिनस एक्सप्रेस परिवर्तित मार्ग वाया मुजफ्फरपुर-सीतामढ़ी-रक्सौल-सगौली के रास्ते चली।
  • मुजफ्फरपुर से 27 मार्च के प्रस्थान करे वाली ट्रेन संख्या 19270 मुजफ्फरपुर- पोरबंदर एक्सप्रेस परिवर्तित मार्ग वाया मुजफ्फरपुर-सीतामढ़ी-रक्सौल-सगौली के रास्ते चली।

आंशिक समापन आ प्रारंभ होखे वाली ट्रेन

  • पाटलिपुत्र से 27, 28 आ 29 मार्च के प्रस्थान करे वाली ट्रेन संख्या 15201 पाटलिपुत्र- नरकटियागंज इंटरसिटी एक्सप्रेस के आंशिक समापन मुजफ्फरपुर में कइल जाई।
  • नरकटियागंज से 28, 29 आ 30 मार्च के प्रस्थान करे वाली ट्रेन संख्या 15202 नरकटियागंज-पाटलिपुत्र इंटरसिटी एक्सप्रेस नरकटियागंज के बदले मुजफ्फरपुर से पाटलिपुत्र खातिर प्रस्थान करी।

पुनर्निर्धारित कs के  परिचालित कइल जाये वाली ट्रेन

  • नरकटियागंज से 24, 25 आ 26 मार्च के प्रस्थान करे वाली ट्रेन संख्या 15216 नरकटियागंज-मुजफ्फरपुर एक्सप्रेस 60 मिनट पुर्निर्धारित कs के चलावल जाई।
  • नरकटियागंज से 23 मार्च के प्रस्थान करे वाली ट्रेन संख्या 05258 नरकटियागंज-मुजफ्फरपुर पैसेंजर स्पेशल 120 मिनट पुर्निर्धारित कs के चलावाlल जाएगी।
  • मुजफ्फरपुर से 23 मार्च के प्रस्थान करे वाली ट्रेन संख्या 05261 मुजफ्फरपुर-रक्सौल पैसेंजर स्पेशल 180 मिनट पुर्निर्धारित कs के चलावल जाई।
  • मुजफ्फरपुर से 23 मार्च के प्रस्थान करे वाली ट्रेन संख्या 12557 मुजफ्फरपुर-आनंद विहार टर्मिनस सप्तक्रांति एक्सप्रेस 60 मिनट पुर्निर्धारित कs के चलावल जाई।
  • रक्सौल से 23 मार्च के प्रस्थान करे वाली ट्रेन संख्या 13022 रक्सौल-हावड़ा मिथिला एक्सप्रेस 120 मिनट पुर्निर्धारित कs के चलावल जाई।
  • बरौनी से 23 मार्च के प्रस्थान करे वाली ट्रेन संख्या 19038 बरौनी-बांद्रा टर्मिनस एक्सप्रेस 120 मिनट पुर्निर्धारित कs के चलावल जाई।
  • मुजफ्फरपुर से 26 मार्च के प्रस्थान करे वाली ट्रेन संख्या 19270 मुजफ्फरपुर-पोरबंदर एक्सप्रेस 60 मिनट पुर्निर्धारित कs के चलावल जाई।

नियंत्रित कs के चलावल जाये वाला ट्रेन

  • देहरादून से 25 मार्च के प्रस्थान करे वाली 15002 देहरादून-मुजफ्फरपुर एक्सप्रेस हरिनगर आ बापूधाम मोतिहारी के बीच 150 मिनट नियंत्रित कs के चलावल जाई।
  • पोरबंदर से 24 मार्च के प्रस्थान करे वाली 19269 पोरबंदर-मुजफ्फरपुर एक्सप्रेस बेतिया आ बापूधाम मोतिहारी के बीच 45 मिनट नियंत्रित कs के चलावल जाई।
490190cookie-checkसमस्तीपुर मंडल: बिहार जाये वाला 10 मेमू स्पेशल ट्रेन रद्द, एह 17 ट्रेनन के रूट बदलल, देखीं पूरा सूची

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.