यूट्यूबर मनीष कश्यप आज भाजपा में शामिल हो सकेले, पार्टी में बड़ जिम्मेदारी मिले के संभावना

Share

अपना के सोन ऑफ बिहार कहे वाला मशहूर यूट्यूबर मनीष कश्यप सुर्खियन में बनल बाड़े । सूत्र के मुताबिक उ आज भाजपा में शामिल हो सकतारे। पार्टी में उनका के कवनो जिम्मेदारी चाहे एमएलसी के ऑफर देवे के भी चर्चा होखता।

बिहार के मशहूर यूट्यूबर मनीष कश्यप भारतीय जनता पार्टी (भाजपा) से जुड़ सकेलें। एकरा खातीर उ भाजपा नेता मनोज तिवारी के संगे दिल्ली पहुंचल बाड़े। बतावल जाता कि उ आज सबेरे 11 बजे भाजपा मुख्यालय पहुंचिहे, जहां उनका के पार्टी के सदस्यता दिहल जाई।

एकरा से पहिले उ पश्चिम चंपारण सीट से लोकसभा चुनाव लड़े के एलान कइले रहले, बाकी अब उ चुनाव ना लड़े के फैसला क लेले बाड़े।

 मनीष निर्दलीय उम्मीदवार के रूप में चुनाव लड़ले रहले

बता दीं कि मनीष कश्यप पश्चिम चंपारण से निर्दलीय उम्मीदवार के रूप में चुनाव लड़ले रहले। मनीष कश्यप पश्चिम चंपारण से निर्दलीय के रूप में भाजपा उम्मीदवार संजय जयसवाल के चुनौती देत रहले। अब उनका भाजपा में शामिल होखे के खबर सोझा आवता। मनीष कश्यप के पार्टी में कवनो बड़ जिम्मेवारी देवे के भा एमएलसी के ऑफर देवे के भी चर्चा होखता।

फर्जी वायरल वीडियो केस में गिरफ्तार भइले

बेतिया जिला के रहेवाला मनीष कश्यप जब फर्जी वायरल वीडियो केस में पुलिस गिरफ्तार क लेलस त चर्चा में आइल। मनीष के करीब 9 महीना जेल में बितावे के पड़ल। एकरा अलावे उनका के एगो सफल यूट्यूबर के रूप में जानल जाला। मनीष के यूट्यूब पर लगभग 87.5 लाख सब्सक्राइबर बाड़े। उ बरिसन से बिहार से जुड़ल बहुत सामाजिक मुद्दा प विडियो बनावत आवतारे।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-