यूट्यूबर Elvish Yadav के नोएडा पुलिस कइलस गिरफ्तार, सांप के जहर के तस्करी से जुड़ल बा मामला

Share

एल्विश यादव एक बार फेर से मुश्किल में घिरत लउकत बाड़े। सांपन के जहर मामला में नोएडा पुलिस एक्शन लेत उनका के गिरफ्तार कऽ लेले बिया। यूट्यूबर पऽ पार्टी में सांप के जहर के इस्तेमाल करे के बड़ा आरोप लागल बा।

नोएडा पुलिस कोबरा कांड मामला में गिरफ्तार कइले बिया। मामला में पुलिस उनका से लगातार पूछताछ कर रहल बिया। बीतल कुछ दिन पहिले नोएडा पुलिस सांप के जहर के साथे 5 लोगन के गिरफ्तार कइले रहें।

एल्विश यादव भइलें गिरफ्तार

एल्विश यादव एक बार फेर से मुश्किल में घिरत लउकत बाड़े। सांपन के जहर मामला में नोएडा पुलिस एक्शन लेत उनका के गिरफ्तार कऽ लेले बिया। यूट्यूबर पऽ पार्टी में सांप के जहर के इस्तेमाल करे के बड़ा आरोप लागल बा।

का हऽ मामला?

8 नवंबर के नोएडा पुलिस रेव पार्टी में सांप के जहर के इस्तेमाल के मामला में FIR दर्ज कइले रहें। ए केस में यूट्यूबर एल्विश यादवो आरोपी बाड़े, पुलिस पांच लोगन के गिरफ्तार कइले। जवना में राहुल, टीटूनाथ, जयकरन, नारायण आ रविनाथ शामिल बाड़े। पुलिस के राहुल नाम के लइका लगे 20ml जहर मिलल रहें।

एल्विश यादव सफाई में का कहले रहलें ?

मामला सामने अइला के बाद एल्विश आपन सफाई देत इंस्टा पऽ वीडियो पोस्ट कइले रहलें। उऽ कहले रहलें कि- हम भोरे उठनी, हम मीडिया में न्यूज देखनी कि एल्विश यादव नशीले पदार्थ के बिजनेस में शामिल बाड़े, उऽ अरेस्ट हो गइले बाड़े। हम बता दी कि हमरा खिलाफ जवन चीज चल रहल बा, उऽ फेक हऽ आ हमार एकरा से कवनो लेना देना नइखे।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-