[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर में मुठभेड़…बदमाश के गोड में लागल गोली : महिला के चेन लूटले रहे, पुलिस रूके के इशारा कइलस तs करे लागल फायरिंग ; साथी फरार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर में बुध के सांझ चेन लुटेरन से पुलिस के मुठभेड़ हो गइल। जेमे एगो बदमाश पुलिस के गोली से घायल हो गइल। जबकि, ओकर दूसरका साथी जंगल में फरार हो गइल। ओकरा तलाश में पुलिस टीम लागल बिया। घायल बदमाश के जिला अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा। ई मुठभेड़ AIIMS इलाका के कुसम्ही जंगल इस्थित विनोद वन के लगे भइल।

पकड़ल गइल आरोपी के पहचान पिपराइच के बड़की देवतिहा निवासी अनिल चौहान के रूप में भइल बा। SP सिटी कृष्ण कुमार बिश्नोई के मोताबिक, हाल के दिनन में महिला लोगन के संगे चेन लूट के वारदात भइल रहे। पुलिस CCTV कैमरन के मदद से बदमाशन के पहचान कs लेले रहे आ जंगल में जगह-जगह पुलिस पिकेट लगाके बुध के सांझ के चेकिंग कइल जात रहे।

पुलिस के देखतही फायरिंग करे लागल बदमाश

सांझ के करीब चार बजे IPS आलोक भाटी, AIIMS थानेदार संजय सिंह पुलिस टीम के संगे कुसम्ही जंगल के लगे संदिग्धन के चेकिंग करत रहे लो। तबे एगो बाइक पs दुगो जुवक आवत लउकल लो। पुलिस के रोकला पs ऊ  भागे लगले सs आ फायरिंग सुरू कs देलें सs ।

जवाबी कार्रवाई करत पुलिस फायरिंग कइलस, जवना से एगो बदमाश के गोड में गोली लाग गइल आ ऊ घायल हो गइल। ओहिजा, ओकर दूसरका साथी मवका देख फरार हो गइल। पुलिस घायल बदमाश के अभिरक्षा में लेके जिला अस्पताल भर्ती करवलस।

घायल बदमाश पs दर्ज बा 9 गो केस

SP सिटी कृष्ण कुमार बिश्नोई बतवलें, पकड़ल गइल बदमाश अनिल पs नौ गो केस पहिले से दर्ज बा। कुशीनगर जिला के अलावे ओकरा पs शाहपुर आ पिपराइच में चोरी, लूट समेत कइयन गो संगीन ममिलन के केस दर्ज बा। ऊ बतवलें कि ई बदमाश महिला लोगन के अकेला देख ओह लोगन के आपन निशाना बनावत रहले सs। फरार आरोपी के तलाश कइल जा रहल बा। जल्दिये ओकरो के गिरफ्तार कs लिहल जाई।

साभार : दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]