बुटीक लूटकांड के पुलिस कइलस खुलासा, 4 बदमाश गिरफ्तार : छपरा में सात मार्च के हथियार के बल पs वारदात के दिहल गइल रहे अंजाम

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 18, 2024

छपरा में सारण पुलिस बुटीक लूट कांड के खुलासा कs लेले बिया। ओहिजा, एह ममिला में पुलिस चार अपराधियन के गिरफ्तार कइले बिया। पकड़ल गइल अपराधियन के लगे से लूटल गइल वस्तुअन के बरामद कइल

Share

छपरा में सारण पुलिस बुटीक लूट कांड के खुलासा कs लेले बिया। ओहिजा, एह ममिला में पुलिस चार अपराधियन के गिरफ्तार कइले बिया। पकड़ल गइल अपराधियन के लगे से लूटल गइल वस्तुअन के बरामद कइल गइल बा। बता दीं कि सात मार्च के भगवान बाजार थाना क्षेत्र के नई बाजार में अपराधी हथियार के बल पs बुटीक में लूट कांड के अंजाम देले रहलें सs।

जवना के बाद पुलिस के ओर से एसआईटी टीम के गठन कs के ममिला के जांच कइल जात रहे। जवना के उद्भेदन अतवार के भइल बा। जवना के जानकारी सारण एसपी गौरव मंगला प्रेस रिलीज जारी करत देलें। घटना के 11 दिन बाद ममिला के उद्भेदन आ अपराधियन के गिरफ्तारी पुलिस खातिर बड़ सफलता मानल जा रहल बा।

गिरफ्तार अपराधियन से पुलिस पूछताछ कs रहल बिया। जेकनी के पूछताछ के बाद न्यायिक हिरासत में भेज दिहल जाई। गिरफ्तार सब अभियुक्त भगवान बाजार के नई बाजार के रहे वाला हवे सs। जेकनी के पहचान मो. सेराजुद्दीन के पुत्र मो. मेराज, मो. कासिम के पुत्र मो. फैयाज, मो. शमशाद के पुत्र मो. शहजाद, राम नाथ प्रसाद के पुत्र विजय कुमार के रूप में भइल बा।

22 हजार रुपिया के भइल रहे लूट

बता दीं की बीतल सात मार्च के भगवान बाजार थानान्तर्गत नई बाजार के डॉ. मेहंदी हात्ता में इस्थित बुटीक कलेक्शन कपडा दुकान से चार अज्ञात अपराधी हथियार के भय दिखाके लगभग 22000 रुपिया के लूट लेले रहलें सs। घ

ओह घटना के संबंध में पुलिस कावर से भगवान बाजार थाना कांड संख्या- 101/24, दिनांक-07.03.24, धारा- 392 भा०द०वि० आ 27 आर्म्स एक्ट दर्ज कs के अनुसंधान सुरू कइल गइल। अनुसंधान के क्रम में जिला आ सूचना इकाई के सहजोग से लूट के घटना के सफल उद्भेदन कs के कांड में संलिप्त चारो अपराधियन के लूटल गइल सामान के संगे गिरफ्तार कइल गइल बा। गिरफ्तार अपराधी पूछताछ के क्रम में एह घटना में आपन संलिप्तता स्वीकार कइलें बाड़ें सs।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.