Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

तोहार बेटी पकड़ा गइल बिया… अतना सुनते शख्स के उड़ गइल होश, बचावे खातिर देले तीन लाख, जब जनले सच्चाई खिसक गइल जमीन

212

फोन करने वाला व्यक्ति खुद के सीबीआई के अधिकारी बतवलस आ कहलस कि उनकर बेटी ड्रग्स के साथे पकड़ाइल बिया। ई सुन के महेंद्र के होश उड़ गइल। व्यक्ति एगो युवती से बात करवलस। जवन बेटी के आवाज में रोअत बोललस कि पापा हमरा के बचा लऽ हमरा सहेली के लगे से ड्रग्स पकड़ाइल बा। सीबीआई ओकरा के पकड़ले बिया।

भरवारी। कोखराज क्षेत्र के भरवारी कस्बा इस्थित मेहता रोड के रहे वाला एगो व्यक्ति से जालसाज खुद के सीबीआई के अधिकारी बताके तीन लाख रूपिया ठगले। पीड़ित मामला के शिकायत साइबर थाना पुलिस से कइले। पुलिस जांच कऽ के कार्रवाई के आश्वासन देले बिया।

ई बा पूरा मामला

भरवारी कस्बा के मेहता रोड निवासी महेंद्र कुमार गुप्ता के बेटी नोएडा शहर के एगो कंपनी में कार्यरत बाड़ी। महेंद्र के कहनाम बा कि सोमार के दुपहरिया करीब साढ़े 11 बजे उनका मोबाइल पs अनजान नंबर से फोन आइल।

फोन करने वाला व्यक्ति खुद के सीबीआई के अधिकारी बतवलस आ कहलस कि उनकर बेटी ड्रग्स के साथे पकड़ा गइल बिया। ई सुन महेंद्र के होश उड़ गइल। व्यक्ति एगो युवती से बात करवलस। जवन बेटी के आवाज में रोअत बोललस कि पापा हमरा के बचा लऽ हमरा सहेली के लगे से ड्रग्स पकड़ाइल बा। सीबीआई ओकरा के पकड़ले बिया।

एकरा बाद जालसाज मोबाइल लेके कहलस कि यदि बेटी के छोड़ावल चाहऽ ताड़ऽ तऽ दू लाख रूपिया बतावल गइल खाता में ट्रांसफर कऽ दऽ।

झांसा में आके महेंद्र फौरन रुपये ट्रांसफर कऽ देले। कुछ देर बाद जालसाज फेर फोन कऽ के कहलस कि मीडिया में खबर ना फइले, एकरा खातिर दू लाख रूपिया आउर ट्रांसफर करऽ।

महेंद्र कवनो तरे निहोरा कऽ के दू के बजाए एक लाख रूपिया भेजले। कुछ देर बाद जालसाज फेर फोन कऽ के कहलस कि सिक्योरिटी द्वारा तोहरा लगे बेटी के भेजल जाव, कवना के खर्च 80 हजार रूपिया आइल। ओकरो के ट्रांसफर कर दऽ।

एपर महेंद्र के आशंका भइल। उऽ बेटी के मोबाइल पs फोन कऽ के पूछले तऽ उऽ बतवली कि उऽ एह घरी कंपनी बाड़ी। खुद के साथे ठगी होखे के बात समझ आइल तऽ महेंद्र के पैर तले जमीन खिसक गइल। उऽ मामला के शिकायत साइबर थाना पुलिस से कइले। पुलिस तहरीर लेके जांच शुरू कऽ देले बिया।

834890cookie-checkतोहार बेटी पकड़ा गइल बिया… अतना सुनते शख्स के उड़ गइल होश, बचावे खातिर देले तीन लाख, जब जनले सच्चाई खिसक गइल जमीन

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.