[the_ad_group id="30365"]

करप्शन के जांच करत रहें CBI टीम, खुदे रिश्वत लेत धरल गइले अधिकारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

सीबीआई अपना विभाग के कुछ अधिकारी के खिलाफ कार्रवाई कईले बिया। संगही, मध्य प्रदेश के स्टेट नर्सिंग कॉलेज में भईल गड़बड़ी के जांच करत घरी घूस लेवे के आरोप में सीबीआई अपना एगो अधिकारी के रंगे हाथ गिरफ्तार क लेले बिया। नर्सिंग कॉलेज में होखे वाला गड़बड़ी के लेके मध्य प्रदेश हाईकोर्ट के आदेश पs जांच कईल जाता, जवना में बहुत अधिकारी भी शामिल बाड़े। सीबीआई सोमार के दिने कहलस कि मध्य प्रदेश के नर्सिंग कॉलेजन में गड़बड़ी से जुड़ल मामिला में ऊ घूस के बदले अनुकूल निरीक्षण रिपोर्ट देबे के आरोप में अपना एगो निरीक्षक के गिरफ्तार कs लिहले बिया जबकि एह मामिला में बारह गो अउरी लोग के भी गिरफ्तार कs लिहल गइल बा.

मध्य प्रदेश हाईकोर्ट के आदेश के बाद नर्सिंग कॉलेज में गड़बड़ी के लेके टीम बनावल गईल। एजेंसी के ओर से जारी बयान में कहल गईल कि, सीबीआई जांच करावे खातीर सात कोर टीम अवुरी तीन से चार सपोर्ट टीम बनवले रहे, जवना में एजेंसी के अधिकारी, राज्य के नर्सिंग कॉलेज के ओर से नामित अधिकारी अवुरी पटवारी शामिल रहले।

जांच में पता चलल रिश्वत लेके इs नर्सिंग विभाग में कुछ लोगन के फायदा दे तारे.

सीबीआई 23 लोग के खिलाफ जांच शुरू कs देले बिया

सीबीआई के आंतरिक सतर्कता टीम 23 लोग के खिलाफ जांच शुरू कs देलस, जवना में सीबीआई निरीक्षक राहुल राज, सीबीआई के 3 अवुरी अधिकारी अवुरी बाकी लोग के खिलाफ मामिला दर्ज भईल।

सीबीआई शनिचर के दिने अनिल भास्कर आ उनुकर पत्नी सुमा अनिल से दस लाख रुपिया के घूस लेत इंस्पेक्टर राहुल राज रंगे हाथ गिरफ्तार भइले.

सीबीआई 31 लोकेशन पs छापामारी कईले बिया

एही मामिला में जांच के आगे बढ़ावत सीबीआई नई दिल्ली के टीम भोपाल, इंदौर, राथलम, जयपुर समेत 31 जगह पs छापामारी कs 2 करोड़ 33 लाख रुपिया, 4 सोना के बिस्कुट, 36 डिजिटल उपकरण, 150 संदिग्ध दस्तावेज बरामद कs लेलस।

साभार- NDtv इंडिया

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]