का राउर कट्टू के आटा सुरक्षित बा?? सावधान रही..

Anurag Ranjan
इलाज करावत पीड़ित

शामली में नवरात्र के दौरान कट्टू के आटा खइला से आठ लोग के हालत बिगड़ल अस्पताल में भरती

उत्तर प्रदेश के शामली में अतवार के नवरात्र के दौरान बनल कट्टू के आटा के भोजन कइला से दु गो परिवार के आठ लोग के हालत बिगड़ गइल। हालत बिगड़ला पs अगल-बगल के लोग ओह लो के अस्पताल लेके पहुंचल, जहां उपचार भइल।

जानकारी के मोताबिक थानाभवन कस्बा के मोहल्ला हाफ़िज़ निवासी पप्पूलाल आ धर्मपाल के परिवार के आठ सदस्य लो के अतवार के भोर में कट्टू के आटा से बनल भोजन खइला से हालत बिगड़ गइल।

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।