पिपरौली में 2186 लोगन के स्वास्थ परीक्षण कइल गइल 

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 22, 2022

पिपरौली में 2186 लोगन के स्वास्थ परीक्षण कइल गइल  पिपरौली-गीड़ा (दीपक त्रिपाठी): आजादी के अमृत महोत्सव के तहत सुक के सामुदायिक स्वास्थ्य केंद्र पिपरौली परिसर मे स्वास्थ्य मेला के आयोजन कइल गइल। मेला में 2186

Share

पिपरौली में 2186 लोगन के स्वास्थ परीक्षण कइल गइल 

पिपरौली-गीड़ा (दीपक त्रिपाठी): आजादी के अमृत महोत्सव के तहत सुक के सामुदायिक स्वास्थ्य केंद्र पिपरौली परिसर मे स्वास्थ्य मेला के आयोजन कइल गइल।

मेला में 2186 लोग आपन स्वास्थ्य के जांच करवा के दवा लिहल।
मेला के शुभारम्भ सहजनवां भाजपा विधायक प्रदीप शुक्ला आ डिप्टी सीएमओ वी के पांण्डेय के हाथे भइल।
मेलामें स्वास्थ विभाग, शिक्षा, बाल पुष्टाहार, पंचायती राज विभाग सहित कइयन विभाग के 28 स्टाल लगावल गइल रहे। जवना में 2186 लोग आपन अलग-अलग रोग के जांच करवा के दवा लिहल लो। एह  दौरान विधायक प्रदीप शुक्ला कहले कि केन्द्र आ राज्य सरकार के मंशा बा कि देश प्रदेश के हर एक नागरिक स्वस्थ आ निरोग रहे। काहेकि जब नागरिक स्वस्थ रही लो तs देस स्वस्थ रही आ विकास करी।

कार्यक्रम मे खेल मे अव्वल बच्चन के पुरस्कृत कइल गइल, चिन्हित ग्रामीणन मे पुष्टाहार पैकेट के वितरण कइल गइल। बाल विकास परियोजना के कार्यक्रम मे विधायक द्वारा गोदभराई आ छोट बच्चन के अन्न प्राशन्न कार्यक्रम करावल गइल। सीएचसी अधीक्षक डॉ एन के राय कार्यक्रम मे आइल सभे पदाधिकारियन के स्वागत करत आभार व्यक्त कइले ।

कार्यक्रम मे पिपरौली ब्लाक प्रमुख दिलीप कुमार यादव, जिला पंचायत सदस्य राम बुझारत पासी,पिपरौली बिडीओ कार्तिकेय मिश्रा, बीईओ पिपरौली विजय कुमार ओझा, एडीओ (पंचायत) अरविंद कुमार सिंह, धर्म राज गौंड,अनिल सिंह,अरूण कुमार गौतम,राज गौरव सिंह, गुंजन पांडेय, मुंशी लाल,अजय श्रीवास्तव,रवि प्रताप सिंह, प्रशांत सिंह,सुबोध सिंह, जनार्दन श्रीवास्तव, सचिन यादव आदि उपस्थित रहे लो।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.