Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

जनता दर्शन में फरियादियन के भीड़ देख CM योगी भइले नाराज, अफसरन से कइले सवाल

219
गोरखपुर दौरा पs आइल मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ सोमार के जनता दर्शन में 800 से बेसी फरियादियन के समस्या सुनले। एह दौरान ऊ अधिकारियन से नाराजगी व्यक्त करत पूछले कि थाना आ तहसीलन में समस्या के समाधान कवना तरे हो रहल बा? ऊ कहले कि इहां आवे वाला फरियादियन के भीड़ ई बतावत बा कि जनशिकायतन के गुणवत्तापूर्ण निस्तारण नइखे होत। असंतुष्ट लोग बार-बार एके समस्या लेके आ रहल बा। सीएम निरदेस देले कि पारदर्शिता के संगे पीडि़तन के संगे नेयाय होखे।

सीएम योगी आदित्यनाथ गोरखनाथ मंदिर इस्थित हिंदू सेवाश्रम आ यात्री निवास में फरियादियन से मिलले। लमसम 800 लोगन से मिलके ओह लो के लिखित आवेदन लेले। बाकी के 300 लोगन से सीएम कैंप कार्यालय के प्रभारी मोतीलाल सिंह भेंट कs के समस्याएं सुनले। मंदिर में फरियादी भोरे 6.30 बजे से  बहुते संख्या में पहुंच चुकल रहे लो।

राजस्व आ थाना से जुडल सर्वाधिक ममिला


जनता दर्शन में आइल सर्वाधिक ममिला जमीन से संबंधित राजस्व आ थानन से जुड़ल रहे। एमे कइयन गो ममिला अइसन रहे जवन पहिलहू जनता दर्शन में सीएम के सोझा आइल रहे, बाकिर फरियादी निस्तारण के कार्रवाई से संतुष्ट ना रहे लो। कुछ ममिलन में तs जमीनन के पैमाइश कइले बिना, दूनों पक्षन पs थानन से निरोधात्मक कार्रवाई कs के निस्तारण कs दिहल गइल रहे। एह पs सीएम सवाल खडा कइले। तमाम ममिला जमीन विवाद में हिस्सा आ घरेलू हिंसो के आइल। मुख्यमंत्री विवेकाधीन कोष से लोग उपचार खातिर सीएम योगी आदित्यनाथ से गुहार लगवलस जवना पs ऊ अधिकारियन के निरदेसित कइले कि अइसन प्रार्थना पत्रन के इस्टीमेट बनवा के शासन के भेजल जाव। ऊ कहले कि कवनो व्यक्ति के उपचार पइसा के अभाव में ना रुके के चाहीं।

गो सेवा कइले, कालू आ गुल्लू के देले प्यार

सीएम योगी आदित्यनाथ शक्तिमंदिर में पूजन कइला के बाद भोरे मठ से बाहर अइले तs ऊ सबसे पहिले गुरु गोरक्षनाथ के दर्शन पूजन कइले। एकरा बाद अपना गुरु ब्रह्मलीन महंत अवेद्यनाथ के समाधि पs माथा टेक आशीर्वाद लेले। फेर मंदिर परिसर के भ्रमण करत गोशाला पहुंचले। उहां ऊ गायन के बीचे लमसम 10 मिनट के वक्त गुजरले। ओकरा बाद वापस भ्रमण करत साधना भवन पहुंचले। इहां अपना श्वान गुल्लू आ कालू के प्यार दुलार देले।

महाराज जी! हमार बेटा हमार हत्या कs के सरकारी नौकरी लिहल चाहत बा


जनता दर्शन में हरपुरबुदहट इलाका के रहे वाला सियाराम सिंह मुख्यमंत्री से गुहार लगवले कि ऊ बीएसएफ से बाड़े। बाकिर बेटा संदीप गलत आदतन के शिकार बा। ऊ अपना माई के जेवर, लाइसेंसी बंदूक आ कीमती सामान चोरी कs लेले बा। उनका बैंक खाता से रुपियो निकाल लेलस। अब ऊ उनकर हत्या कs के सरकारी नौकरी पावल चाहता बा। सीएम उनकर लिखित आवेदन लेत पुलिस अधिकारियन से तुरंत कारवाई करे के कहले।

262800cookie-checkजनता दर्शन में फरियादियन के भीड़ देख CM योगी भइले नाराज, अफसरन से कइले सवाल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.