गोरखपुर महोत्सव में योग के प्रस्तुती कs के सभे के आत्मविभोर कइलें- योगाचार्य धर्मेन्द्र प्रजापति

Anurag Ranjan

गोरखपुर: गुरु गोरखनाथ के धरती पs हो रहल गोरखपुर महोत्सव में तीसरका दिन उत्तर प्रदेश के यशस्वी मुख्यमंत्री माननीय आदित्यनाथ योगी जी एक तरफ मंच से देशवासियन के संदेश देत रहलें तs ओहिजा दूसरका तरफ 2018 से निस्वार्थ निशुल्क सेवा भाव से 16 जनपदन में जाके सेवा देवे वाला युवा योगाचार्य धर्मेंद्र प्रजापति जी विज्ञान प्रदर्शनी आ कृषि मंच से योग ऋषि मत्स्येंद्रनाथ आउर गुरु गोरक्षनाथ के द्वारा दिहल गइल नाथ सम्प्रदाय के कठिन योग के प्रस्तुति कs के सभेे जनता जनार्दन के आत्म विभोर कइलें।

योगाचार्य धर्मेंद्र प्रजापति अपना समस्त फिटनेस टीम के संगे योग के अलग-अलग गतिविधियन के करत सभे के आश्चर्यचकिते ना बलुक ओह लोगन के योग आयुर्वेद प्राकृतिक चिकित्सा आ प्रकृति से जुड़ला के सिद्धान्त बतावत रहले जेमे सइयन से बेसी संख्या जुटके अपना बेमारियन के ठीक करे के उपायन के जानल।

जिला के गणमान्य पूर्व पतञ्जलि जिला प्रभारी अनिल योगी, डॉ विनय मल्ल योगी, डॉ. शोभित जी, डॉ कुँवर गोरखपुरी, राष्ट्रीय स्वयं सेवक संघ के प्रचारक विनोद शुक्ला, कृष्णा कुमार, व्यास चौरसिया, योग आयुर्वेद नारी सशक्तिकरण अभियान के जिला महिला सचिव गीतांजली चौरसिया, सरोज देवी, सिमरन सिंह, नीलू यादव, इन्दु देवी, तारा पाण्डेय, शोभा पांडेय, किरण पाठक, ज्योति, श्रेया, वंदना, सुनीता, मुकेश, सहित सब साधक लोग योग सन्देश के सभी तक पहुंचा के जागरूक कइल।

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।