X Platform Obscene content :  एक्स मनलस गलती, कहलस- भारतीय कानून के पालन होई; 600 अकाउंट बंद

X platform accepts mistake in obscene content case and removes 600 accounts in compliance with Indian law

Share

टेक डेस्क। सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म ‘एक्स’ आपन गलती मान लेले बा आ कहलस कि ऊ भारतीय कानून के पूरा पालन करी। एह कार्रवाई में करीब 3,500 अश्लील कंटेंट ब्लॉक कइल गइल बा आ 600 से जादे अकाउंट डिलीट कइल गइल बा। सरकारी सूत्रन के मोताबिक अब एक्स अश्लील तस्वीर पोस्ट करे के इजाजत ना दी।

समाचार एजेंसी एएनआई सरकारी सूत्रन के हवाले से बतवलस कि एक्स आपन गलती स्वीकार कइलस आ कंटेंट मॉडरेशन स्टैंडर्ड में कमी मनलस। एक्स भारत सरकार के भरोसा देलस कि ऊ आगे से भारतीय कानून आ नियम के मुताबिक काम करी।

दरअसल, ई ममिला तब सामने आइल जब प्लेटफॉर्म पs अश्लील आ कामुक रूप से आपत्तिजनक कंटेंट तेजी से फइलावे के चिंता जतावल गइल। एह में कथित तौर पs एक्स के आर्टिफिशियल इंटेलिजेंस टूल ‘ग्रोक’ से जेनरेट भइल भा बढ़ावल गइल सामग्री सामिल रहे।

सरकार के सख्ती के बाद कार्रवाई

सरकार सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म एक्स से ग्रोक एआई से जुड़ल अश्लील सामग्री रोके खातिर उपाय आ आगे के योजना पs जानकारी मंगले रहे। एक्स विस्तृत जवाब भेजलस, बाकिर ओकरा में कुछ जरूरी जानकारी सामिल ना रहे। सूचना आ प्रसारण मंत्रालय निरदेस देलस कि ग्रोक जइसन एआई चैटबॉट के इस्तेमाल महिला के यौन आ अश्लील तस्वीर बनावे में रोके खातिर सख्त कदम उठावल जावs।

अब अश्लील तस्वीर के अनुमति ना

अब एक्स कार्रवाई करत करीब 3,500 अश्लील कंटेंट ब्लॉक कइलस आ 600 से जादे अकाउंट डिलीट कइलस। प्लेटफॉर्म ई भरोसा देलस कि आगे से अश्लील तस्वीरन के अनुमति ना दिहल जाई।

एह बीच राज्यसभा सांसद प्रियंका चतुर्वेदी सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म एक्स के आलोचना कइली। ऊ बतवली कि ग्रोक से आपत्तिजनक आ यौन रूप से उत्तेजक तस्वीर बनावे पs पूरा रोक लगवला के बजाय, एक्स एकरा के खाली पेड यूजर्स तक सीमित कइले बा।

Read Also: IND vs NZ ODI : न्यूजीलैंड से पहिला वनडे से तीन घंटा पहिले भारत के बड़ झटका, पंत सीरीज से बाहर; देखीं संभावित प्लेइंग-11

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-