Gorakhpur Mahotsav 2026 : आज से रामगढ़ताल किनारे कला, संस्कृति आ आध्यात्म के महासंगम

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 11, 2026

गोरखपुर। पूर्वी उत्तर प्रदेश के पर्यटन नक्शा पs चमकत रामगढ़ताल के किनारे आज से तीन दिन तक गोरखपुर महोत्सव 2026 के भव्य आयोजन सुरू हो रहल बा। एह महोत्सव में कला, संस्कृति आ आध्यात्म के

Share

Gorakhpur Mahotsav 2026 at Ramgarh Tal featuring cultural and spiritual events

गोरखपुर। पूर्वी उत्तर प्रदेश के पर्यटन नक्शा पs चमकत रामगढ़ताल के किनारे आज से तीन दिन तक गोरखपुर महोत्सव 2026 के भव्य आयोजन सुरू हो रहल बा। एह महोत्सव में कला, संस्कृति आ आध्यात्म के अद्भुत संगम देखे के मिली। संगे-संगे विरासत आ विकास के ब्रांडिंग एह मंच से झलकी मारी। स्थानीय कलाकारन के आपन हुनर देखावे के बड़ मौका मिली, तs आम लोगन के मनोरंजन आ उद्यमियन के रोजगार-बेयपार के अवसरो उपलब्ध होई।

गोरखपुर महोत्सव के सुभारंभ अतवार के प्रदेश सरकार के पर्यटन आ संस्कृति मंत्री जयवीर सिंह करिहें। जबकि औपचारिक समापन समारोह 13 जनवरी, मंगर के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के सानिध्य में संपन्न होई। सनिचर के पत्रकार वार्ता में कमिश्नर अनिल ढींगरा बतवलें कि मुख्य कार्यक्रम 13 जनवरी तक रही, बाकिर महोत्सव के आयोजन 17 जनवरी तक चलत रही।

अनिल ढींगरा कहलें कि बीतल सालन के तरे एहु साल गोरखपुर महोत्सव कला, संस्कृति, ज्ञान, विज्ञान, मेधा, मनोरंजन आ रोजगार के एगो मजबूत मंच बने जा रहल बा। पिछिला आठ साल में गोरखपुर के बदलल पहचान के ई महोत्सव उत्सवी रूप में जनता के सामने पेश कs रहल बा।

साल 2017 के बाद मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के मार्गदर्शन में गोरखपुर विकास के नया उड़ान भरलस। जवन जिला पहिले पिछड़ेपन के पहचान रहे, ऊ आज सानदार इंफ्रास्ट्रक्चर, औद्योगिक विकास, बेहतर सड़क, रेल आ एयर कनेक्टिविटी, खाद कारखाना, पिपराइच चीनी मिल, एम्स, आयुष विश्वविद्यालय, चिड़ियाघर, जटायु संरक्षण केंद्र आ वाटर स्पोर्ट्स कॉम्प्लेक्स जइसन परियोजनन के संगे नया मुकाम हासिल कs चुकल बा।

विकास के संगे-संगे इहां के लोककला आ संस्कृति लगातार संजोवल जा रहल बा। एह सभ के झलक गोरखपुर महोत्सव में साफ-साफ देखे के मिली। महोत्सव में शिल्प मेला, पुस्तक मेला, कृषि, उद्यान आ विज्ञान प्रदर्शनी के संगे स्वादिष्ट व्यंजनन के फूड स्टॉलो सजल बा।

एह साल सांस्कृतिक कार्यक्रमन के श्रृंखला आउर भव्य बनावल गइल बा। 11 जनवरी के बालीवुड नाइट से आगाज होई, जहां वरुण जैन आ तनिष्ठा पुरी मंच पs धमाल मचाई लोग। 12 जनवरी के भोजपुरी नाइट में सुपरस्टार पवन सिंह आपन हिट गीतन से माहौल गरमाई लोग। समापन दिवस 13 जनवरी के भजन संध्या में मैथिली ठाकुर आ बालीवुड नाइट में बादशाह के प्रस्तुति खास आकर्षण रही। संगही सांसद रवि किशन शुक्ला के कविता पाठ दर्शकन के खूब भाई।

Read Also: AbduL Merchant Death : T-Series के संस्थापक गुलशन कुमार के हत्यारा के मौत, 28 साल पुरान घटना से दहल गइल रहे मुंबई

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.