स्पोर्ट्स डेस्क। आईसीसी वर्ल्ड टेस्ट चैंपियनशिप (WTC) 2025-27 के पॉइंट्स टेबल में ऑस्ट्रेलिया सिडनी में इंग्लैंड के खिलाफ सानदार जीत के बाद नंबर-वन पोजिशन पs आउर मजबूत पकड़ बना लेले बा। दुसरका तरफ इंग्लैंड के हालत बहुते खराब बा, इहां तक कि ऊ भारताे से नीचे खिसक गइल बा, जबकि भारत फिलहाल छठवां नंबर पs चल रहल बा।
सिडनी टेस्ट में ऑस्ट्रेलिया के दमदार जीत
इंग्लैंड 160 रन के टारगेट देलस, जवना के ऑस्ट्रेलिया पांचवां दिन खाली 31.2 ओवर में हासिल कs लेलेस।
एकरा पहिले इंग्लैंड टॉस जीत के पहिला पारी में जो रूट (160 रन) के बदौलत 384 रन बनवलस। जवाब में ऑस्ट्रेलिया ट्रेविस हेड (163) आ स्टीव स्मिथ (138) के शतक के दम पs 567 रन ठोक देलस आउर 183 रन के बढ़त ले लेलस। दूसरका पारी में जैकब बेथेल (154) के शतक के बादो इंग्लैंड 342 रन पs ऑलआउट हो गइल आ ऑस्ट्रेलिया के 160 रन के आसान लक्ष्य मिलल।
WTC पॉइंट्स टेबल में ऑस्ट्रेलिया नंबर-वन
सिडनी जीत के बाद ऑस्ट्रेलिया WTC 2025-27 चक्र में आठ में से सात मैच जीत के 87.50% अंक प्रतिशत के संगे टॉप पs काबिज बा। टीम के फॉर्म जबरदस्त बा आ फाइनल के रेस में ऊ सबसे आगे नजर आ रहल बा। ऑस्ट्रेलिया के एकमात्र हार मेलबर्न टेस्ट में इंग्लैंड से मिलल रहे।
इंग्लैंड के हालत भारते से खराब
इंग्लैंड मवजूदा WTC चक्र में अब तक 10 मैच खेल के खाली तीन जीत आ छव गो हार हासिल कइले बा। टीम के अंक प्रतिशत 31.67% बा आ ऊ सातवां स्थान पs खिसक गइल बा, मतलब भारतो से नीचे। लगातार हार से साफ बा कि इंग्लैंड के टेस्ट क्रिकेट में अभी बहुत जादे सुधार के जरूरत बा।
भारतो के इस्थिति नाजुक
भारत भले टेस्ट क्रिकेट में मजबूत टीम मानल जाले, बाकिर WTC 2025-27 में अब तक ओकर प्रदर्शन खास प्रभावी नइखे रहल। भारत नौ मैच में चार जीत, चार हार के संगे 48.15% अंक प्रतिशत पs छठवां स्थान पs बा।
आउर टीमन के हाल
- न्यूजीलैंड तीन में से दु जीत के संगे 77.78% अंक प्रतिशत लेके दूसरका नंबर पs बा।
- दक्षिण अफ्रीका चार में से तीन जीत आ 75% अंक प्रतिशत के संगे तीसरा स्थान पs बा।
- श्रीलंका आ पाकिस्तान भारत से ऊपर बा- श्रीलंका के 66.67% आ पाकिस्तान के 50% अंक प्रतिशत बा।
- बांग्लादेश आ वेस्टइंडीज सबसे नीचे संघर्ष करत नजर आ रहल बा। बांग्लादेश के 16.67% आ वेस्टइंडीज के खाली 4.17% अंक प्रतिशत बा।
Read Also: Bangladesh Unrest : चुनाव से पहिले बांग्लादेश में हिंसा जारी, बीएनपी नेता के गोली मार के हत्या






