हर साल दुनियाभर में 28 जुलाई के विश्व हेपेटाइटिस दिवस मनावल जाला । अइसे में हेपेटाइटिस के लक्षण जानल बेहद जरूरी बा।
World Hepatitis Day 2024: विश्व हेपेटाइटिस दिवस हर साल 28 जुलाई के मनावल जाला। ई दिन हेपेटाइटिस के बारे में जागरूकता फैलावे आ एह बेमारी से लड़े खातिर समर्पित बा। हेपेटाइटिस लिवर के एगो गंभीर बेमारी हs, जवन कि एगो वायरस के चलते होखेला। ई वायरस लिवर के नुकसान पहुंचावेला आ समय पs एकर इलाज ना कइला पs लिवर सिरोसिस आ कैंसर जइसन गंभीर बेमारी हो सकता।
विश्व हेपेटाइटिस दिवस के इतिहास
साल 2008 में पहिला बेर विश्व हेपेटाइटिस दिवस मनावल गइल। एह दिन के मनावे के मुख्य उद्देश्य रहे कि लोग के हेपेटाइटिस के खतरा के बारे में जागरूक कइल जाव आ एह बेमारी के रोकथाम आ नियंत्रण खातिर जरूरी कदम उठावे खातिर प्रेरित कइल जाव।
विश्व हेपेटाइटिस दिवस के महत्व
एह दिन लोग के हेपेटाइटिस के बारे में जाने के मौका मिलेला। एह दिन कई गो कार्यक्रम आ अभियान के माध्यम से लोग के हेपेटाइटिस के लक्षण, कारण आ रोकथाम के तरीका बतावल जाला। एकरा अलावे ई दिन सरकार आ स्वास्थ्य संगठन के हेपेटाइटिस के खिलाफ लड़ाई में आपन भूमिका निभावे खातीर प्रेरित करेला।
हेपेटाइटिस के प्रकार के बारे में जानी :
- हेपेटाइटिस ए : ई एगो तीव्र संक्रमण हs जवन आमतौर पर दूषित भोजन भा पानी के माध्यम से फइल जाला।
- हेपेटाइटिस बी : ई एगो पुरान संक्रमण हवे जे संक्रमित खून भा शरीर के तरल पदार्थ के संपर्क से फइल जाला।
- हेपेटाइटिस सी : इहो एगो पुरान संक्रमण हs जवन संक्रमित खून के संपर्क से फइल जाला।
हेपेटाइटिस के लक्षण
- थकान
- बुखार
- भूख न लगना
- मिचली आ उल्टी
- पेट दर्द
- पीला आंखें आ त्वचा
- गहीर रंग के पेशाब
- हल्का रंग के मल
हेपेटाइटिस के रोकथाम
- भोजन के निमन से पकाके आ साफ पानी पीके हेपेटाइटिस ए से बचल जा सकता ।
- सुरक्षित यौन संबंध बनाई।
- रक्तदान करे से पहिले ई सुनिश्चित कs लिहि कि रउवा हेपेटाइटिस से संक्रमित नइखी।
- हेपेटाइटिस बी के खिलाफ टीका लगाके एह बीमारी से बचल जा सकल जाला।
विश्व हेपेटाइटिस दिवस 2024 के थीम
विश्व हेपेटाइटिस दिवस 2024 के थीम हर साल बदलत रहेला । एह साल के थीम हs ‘इट्स टाइम फॉर एक्शन’। एह थीम के उद्देश्य हेपेटाइटिस के बारे में जागरूकता फइलावे खातिर एगो विशिष्ट संदेश देवल हs ।