स्पोर्ट्स डेस्क: नॉर्वे चेस टूर्नामेंट अतवार के विश्व चैंपियन भारत के डी गुकेश एगो रोमांचक मैच में विश्व नंबर एक शतरंज खिलाड़ी नॉर्वे के मैग्नस कार्लसन के चउका देलें आ क्लासिकल शतरंज में पहिला जीत दर्ज कइलें। सफेद मोहरन के संगे खेल रहल कार्लसन जादेतर समय मैच में एकर फायदा उठवलें आ लगातार दबाव बनवलें, बाकिर गुकेश जरूरत पड़ला पs सावधानी पूर्वक खेल खेललें आ फेर कार्लसन पs अटैक कइलें।
जइसे-जइसे कार्लसन पs समय से चाल चले के दबाव बढ़त गइल, कार्लसन गलती कइलें आ ई गुकेश के वापसी के मवका देलस। गुकेश बिना कवनो हिचकिचाहट के आपन सारा स्किल के मैच में झोंक देलें आ जीत दर्ज कइलें। मैच के बाद गुकेश कहलें- हम बहुत कुछ ना कs सकत रही। हमरा बस एकर अधिकतम लाभ उठावे के रहे। हम अइसन डेग उठावत रहनी जवन कार्लसन खातिर मुश्किल रहे आ सौभाग्य से चाल सही साबित भइली सs। एह टूर्नामेंट से हम एगो बात सीखले बानी कि समय से चाल चले के दबाव रउआ के गलती कइला पs मजबूर कs सकत बानी।
गुकेश कहलें, ‘100 में से 99 बार सायद हम एह चाल से हार जइती, बाकिर ई एगो भाग्यशाली दिन हs।’ हार के बाद निराश कार्लसन आपा खो बइठलें आ ऊ चेस बोर्ड के पटक देलें आ उहां से तेजी से बाहर निकल गइलें। एकरा विपरीत, गुकेश आपन कोच गजेवस्की के संगे चुपचाप जश्न मनवलें। ऊ करियर के परिभाषित करे वाली जीत के स्वाद चखलें।
दुनो के बीच टूर्नामेंट के पहिला दौर में भिड़ंत भइल रहे, जहां कार्लसन आपन ट्रेडमार्क चालन से जीत हासिल कइले रहे। अबकी बेर, हालांकि, गुकेश बाजी मरलें आ पिछलका हार के बदला ले लेलें। नॉर्वे शतरंज के व्यापक रूप से शतरंज कैलेंडर पs प्रमुख टूर्नामेंट में से एगो मानल जाला। छव खिलाड़ी डबल राउंड-रॉबिन प्रारूप में एगो दूसरका से भिड़त बा। पुरुष आ महिला दुनो श्रेणी में मैच होत बा। 2025 संस्करण स्टावेंजर में 26 मई से छव जून तक चली।
एकरा पहिले गुकेश आ कार्लसन के लेके महान शतरंज खिलाड़ी गैरी कास्पारोव के बयान आइल रहे। ऊ कार्लसन के गुकेश से बेहतर बतवले रहस। रूस के महान शतरंज खिलाड़ी कास्पारोव के मानल बा कि डी गुकेश भलही विश्व चैंपियन बा, बाकिर नॉर्वे के मैग्नस कार्लसन हर लिहाज से उनका से बेहतर बाड़ें। कास्पारोव कहलें, ‘गुकेश के प्रदर्शन में सुधार के बहुते गुंजाइश बा। ऊ जरूर एकरा के समझके एहपर पs काम करत होइहें। कैंडिडेट्स शतरंज टूर्नामेंट जीतला के बाद गुकेश के प्रदर्शन बेहतर हो रहल बा। विश्व चैंपियनशिप मैच में कुछो हो सकत बा काहेकि ई लमहर होला, बाकिर गुकेश हमेसा आगे रहस। गुकेश ओह मैच में लिरेन से बेहतर खिलाड़ी रहस।’