विराट कोहली के हेलमेट पs लागल बॉल, बुरा तरह घबरा गईली अनुष्का, खुलल रह गइल मुंह

By Anurag Ranjan

Published on: May 24, 2025

23 मई के लखनऊ के इकाना क्रिकेट स्टेडियम में रॉयल चैलेंजर्स बेंगलुरु के मुकाबला सनराइजर्स हैदराबाद से भइल रहे. एह मैच में आरसीबी के 42 रन से बड़हन हार के सामना करे के पड़ल. मैच

Share

23 मई के लखनऊ के इकाना क्रिकेट स्टेडियम में रॉयल चैलेंजर्स बेंगलुरु के मुकाबला सनराइजर्स हैदराबाद से भइल रहे. एह मैच में आरसीबी के 42 रन से बड़हन हार के सामना करे के पड़ल. मैच में पहिला बल्लेबाजी करत हैदराबाद 6 विकेट के नुकसान में 231 रन बनवलसि जबकि आरसीबी 19.5 ओवर में 189 रन बना के ऑल आउट हो गइल. एह मैच के कई गो पल सोशल मीडिया पs वायरल हो रहल बा. बाकिर एहमें से सबले बेसी चरचा होखे वाला पल ऊ पल हs जब गेंद विराट कोहली के हेलमेट से टकरा जाले. एह पs अनुष्का शर्मा के प्रतिक्रिया वायरल हो रहल बा.

गेंद विराट कोहली के हेलमेट से टकरा गईल

जसही गेंद आके विराट कोहली के हेलमेट पs टकराइल, अनुष्का शर्मा के रिएक्शन भी कैमरा में कैद हो गईल, जवना से पता चलता कि एएस दौरान अभिनेत्री बहुत घबरा गईल रहली। अनुष्का के चेहरा के भाव से साफ हो गईल कि गेंद विराट के हेलमेट पs लागला के बाद उs बहुत डेरा गईल रहली। एकर कई गो वीडियो क्लिप सोशल मीडिया पर भी वायरल हो रहल बा।

विराट कोहली के टेस्ट क्रिकेट से संन्यास

बता दीं कि विराट कोहली आ अनुष्का शर्मा पिछला कुछ दिन से लगातार सुर्खियन में बाड़ी. विराट कोहली 12 मई के टेस्ट क्रिकेट से संन्यास लेबे के एलान कइले रहले जवना के बाद अनुष्का अपना पति के रिटायरमेंट पs बहुते भावुक नोट के साथे प्रतिक्रिया दिहली. एकरा बाद दुनों जोड़ी वृंदावन के प्रेमानंद महाराज के आश्रय स्थल पs पहुंचले, जहां विराट अवुरी अनुष्का प्रेमानंद महाराज से बहुत देर ले बात कईले।

इहो पढ़ीं: अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के’ प्यार तs भइल बाकिर ताउम्र रहली अकेले…एह सुपरस्टार हीरोइन के जानीं कहानी

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.