Coronavirus Update: देस में कोरोना के बढ़त ममिला डेरववलस; सक्रिय मरीज अब 3758, केरल में आंकड़ा 1400 के पार

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 1, 2025

सेंट्रल डेस्क: देस में कोरोना के बढ़त ममिला डेरवावल सुरू कs देले बा। बीतल 24 घंटा में देस में कोरोना के सक्रिय मरीजन के संख्या में भारी उछाल देखल गइल बा। मवजूदा समय में देस

Share

सेंट्रल डेस्क: देस में कोरोना के बढ़त ममिला डेरवावल सुरू कs देले बा। बीतल 24 घंटा में देस में कोरोना के सक्रिय मरीजन के संख्या में भारी उछाल देखल गइल बा। मवजूदा समय में देस में 3758 कोरोना संक्रमितन के इलाज चल रहल बा। केरोना के मात देवे वालन के बात करीं तs बीतल दिन से अभी तक 1818 लोग संक्रमण से मुक्त भइल, जबकि दुगो कोरोना संक्रमितन के मौतो भइल बा।

महाराष्ट्र-दिल्ली में 400 से जादे एक्टिव केस

राज्यवार आंकड़न के बात करीं तs केरल में कोरोना के 64 नया ममिला सामने आइल बा। इहां अब सक्रिय मरीजन के आंकड़ा 1400 पहुंच गइल बा। अइसही महाराष्ट्र में 485, दिल्ली में 436, गुजरात में 320, पश्चिम बंगाल में 287, कर्नाटक में 238, तमिलनाडु में 199 आ उत्तर प्रदेश में 149 कोरोना संक्रमितन के इलाज चल रहल बा। हालांकि, जादेतर मरीज होम आइसोलेशन में ठीक हो रहल बा लाेग।

दुगो संक्रमितन के जान गइल

कोरोना से होखे वाला मौतन के बात करीं तs बीतल दिन से अभी ले दुगो कोरोना संक्रमितन के मौत के पुष्टि भइल बा। मौत केरल आ कर्नाटक में दर्ज कइल गइल। कर्नाटक में 63 साल के पुरुष आ केरल में 24 साल के महिला के मौत भइल। दुनो अउरियो बेमारियन से परेसान रहे लोग।

एक तिहाई मरीज ठीक भइलें

केंद्र सरकार के कोविड डैश बोर्ड के अनुसार, कोरोना के बढ़त ममिलन के संगे संक्रमण से मुक्त होखे वाला मरीजन के संख्याे बढ़ रहल बा। अब तक करीब एक तिहाई मरीज कोरोना पॉजिटिव होखला के बाद एकरा से मुक्त हो चुकल बा लोग। फिलहाल सक्रिय मरीजन के तुलना में 1818 मरीज (32.45 प्रतिशत) कोरोना पॉजिटिव होखला के बाद स्वस्थ हो चुकल बा लोग।

Read Also: UP News: प्रदेश में चुनाव बेवस्था में बड़ बदलाव के तइयारी, आम जनता चुनी जिला पंचायत अध्यक्ष आ ब्लॉक प्रमुख

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.