[the_ad_group id="30365"]

विश्व बैंक के अनुमान: 2022-23 में 6.9% रही भारत के जीडीपी विकास दर, 2021-22 के 8.4% के मुकाबिले बड़ गिरावट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिगड़त बाहरी वातावरण के बीच वित्त वर्ष 2022-23 में वास्तविक सकल घरेलू उत्पाद (जीडीपी) के वृद्धि में गिरावट के उम्मीद बा। FY22-23 में GDP विकास दर घट के 6.9% रहले के उम्मीद बा। विश्व बैंक अपने भारत विकास अद्यतन रिपोर्ट में एकर जानकारी दिहले बा।। एह अनुमान के 2021-22 के 8.4% के मुकाबिला में बड़ गिरावट मानल जा रहल बा। उहवें एहसे पहिले स्विट्जरलैंड के ब्रोकरेज कंपनी यूबीएस इंडिया 2022-23 में भारत के जीडीपी विकास दर 6.9 फीसदी रहले के अनुमान लगवले रहे।

बढ़त महंगाई के चलते जीडीपी पर पड़ रहल बा असर

बढ़त महंगाई के रोके खातिर भारतीय रिजर्व बैंक समेत दुनिया भर के केंद्रीय बैंक लगातार आपन ब्याज दर में इजाफा कs रहल बानें। एकर सीधा असर देश के सकल घरेलू उत्पाद पर पड़ रहल बा। एकरे सथही चीन में कोरोना लॉकडाउन के चलते पूरा दुनिया के सप्लाई चेन पर बहुत बाउर असर पड़ल बा। अइसे में पूरा दुनिया में मंदी के आशंका बढ़ गइल बा।

का होला जीडीपी(GDP)

ग्रॉस डोमेस्टिक प्रोडक्ट यानी सकल घरेलू उत्पाद (GDP) कौनो एक साल में देश में पैदा होखे वाले सब सामान अउर सेवा के कुल वैल्यू के कहल जाला। जीडीपी आर्थिक गतिविधियन के स्तर के देखावला अउर एहसे ई पता चलsला कि कौने सेक्टर के वजह से एहमें तेज़ी चाहे गिरावट आइल बा। सांख्यिकी अउर कार्यक्रम कार्यान्वन मंत्रालय, भारत सरकार जीडीपी के मूल्यांकन करेले।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]