भारत के महिला आ पुरुष क्रिकेट टीम एके ही दिने मैदान पs आई नजर

Share

 

बहुते कम होला कि भारतीय महिला आ पुरुष क्रिकेट टीम एके दिन खेलत लउके. बाकिर अब ई दिन नजदीक आवत बा. एक ओर भारतीय पुरुष क्रिकेट टीम के मुकाबला बांग्लादेश से होई तs दोसरा ओर महिला टीम के मुकाबला पाकिस्तान से होखत देखाई दिही। मैच के तारीख एकही होई, बाकिर दुनो के समय अलग-अलग होई। अब देखे के बा कि जब एके दिन दू गो मैच होखी तs कवन टीम के मैच प्रशंसक अधिका देखिहें. हालांकि सभके मालूम बा कि पुरुष क्रिकेट में फैन फॉलोइंग जादा होखेला, बाकिर जवना दिन इs दुनो मैच होई, ओ दिन संभव बा कि महिला टीम के मैच देखत अवुरी लोग देखाई दिहे।

6 अक्टूबर के महिला टी-20 विश्व कप 2024 में भारत बनाम पाकिस्तान के मैच 

बांग्लादेश के टीम भारत के दौरा करे जा रहल बिया. ई सीरीज 19 सितंबर से शुरू होखी. ओने अक्टूबर के पहिला हफ्ता से महिला टी-20 विश्व कप भी शुरू हो जाई। एकर कार्यक्रम भी आईसीसी जारी कs देले बा। एहसे पहिले टी-20 विश्व कप बांग्लादेश में होखे वाला रहे बाकिर ओहिजा चलत राजनीतिक उथल-पुथल के चलते आईसीसी के एकरा के यूएई में शिफ्ट करे के पड़ल. महिला क्रिकेट टीम टी-20 विश्व कप में चार अक्टूबर से आपन सफर शुरू करी। भारत के एह दिन न्यूजीलैंड से मुकाबला करे के पड़ी. एकरा बाद सबसे बड़ मैच 6 अक्टूबर के होई, यानी भारत बनाम पाकिस्तान। भारत आ पाकिस्तान के टीम जब भी एक दूसरा के सामना करेला तs उमंग चरम पs रहेला।

भारत आ बांग्लादेश के सीरीज के बात कइल जाव तs पहिला दू मैच के टेस्ट सीरीज खेलल जाई जवना के पहिला मैच 19 सितंबर से शुरू होखी जबकि दुसरका टेस्ट 27 सितंबर से शुरू होखी. एकरा बाद टी-20 सीरीज खेलल जाई। एह सीरीज के पहिला मैच 6 सितंबर के बा। मतलब कि ई उहे तारीख हs जब महिला आ पुरुष टीम मैदान पs उतरी. एह दिन दुपहरिया साढ़े तीन बजे से महिला टीम के भारत बनाम पाकिस्तान के मैच खेलल जाई.

मजेदार बात ई बा कि 6 अक्टूबर के बाद टी-20 विश्व कप 2024 में महिला टीम के अगिला मैच 9 अक्टूबर के श्रीलंका के साथे होखी. एही दिन भारत बनाम बांग्लादेश के दुसरका टी-20 मैच बा. एह दिन एही समय मैच खेलल जाई. मतलब कि दुनु मैच साँझ साढ़े सात बजे से शुरू होखी. मने कि अगर एह तरह से देखल जाव तs भारत के महिला आ पुरुष टीम एके दिन दू बेर मैदान में लउकी.

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-