BCCI खोललस खजाना: घरेलू क्रिकेट में अच्छा प्रदर्शन करे वाला खिलाड़ी होई लो मालामाल, सचिव जय शाह के बड़ एलान

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 27, 2024

भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड (बीसीसीआई) के सचिव जय शाह सोमार के घरेलू क्रिकेट में अच्छा प्रदर्शन करे वाला खिलाड़ियन खातिर बड़ एलान कइलें। अब घरेलू टूर्नामेंट में पुरुष आ महिला क्रिकेटरन के प्लेयर ऑफ द

Share

भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड (बीसीसीआई) के सचिव जय शाह सोमार के घरेलू क्रिकेट में अच्छा प्रदर्शन करे वाला खिलाड़ियन खातिर बड़ एलान कइलें। अब घरेलू टूर्नामेंट में पुरुष आ महिला क्रिकेटरन के प्लेयर ऑफ द मैच आ प्लेयर ऑफ टूर्नामेंट के रूप में पुरस्कार राशि मिली। एकरा अलावे जूनियर क्रिकेट टूर्नामेंटन में खिलाड़ियन के प्लेयर ऑफ द मैच आ प्लेयर ऑफ टूर्नामेंट के रूप में इनामी राशि दिहल जाई।

शाह कइलें बड़ एलान 

बीसीसीआई सचिव जय शाह एह पहल में सुरुआत के एलान सोमार के कइलें। ऊ सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म ‘एक्स’ पs लिखलें- हमनी के अपना घरेलू क्रिकेट कार्यक्रम के तहत सब महिला आ जूनियर क्रिकेट टूर्नामेंट में प्लेयर ऑफ द मैच आ प्लेयर ऑफ द टूर्नामेंट खातिर पुरस्कार राशि के सुरुआत कs रहल बानी सs।

पुरुष क्रिकेटरन पs होई नोटन के बरखा

शाह घोषणा कइलें कि पुरुष क्रिकेट में विजय हजारे आ सैयद मुश्ताक अली प्रतियोगिता में प्लेयर ऑफ द मैच खातिर पुरस्कार राशि दिहल जाई। ऊ लिखलें- एकरा अलावे पुरुषन खातिर विजय हजारे आ सैयद मुश्ताक अली टूर्नामेंट में प्लेयर ऑफ द मैच खातिर पुरस्कार राशि दिहल जाई। एह पहल के उद्देश्य घरेलू सर्किट में उत्कृष्ट प्रदर्शन के मान्यता दे हल आ पुरस्कृत कइल बा। एह प्रयास में अटूट समर्थन खातिर शीर्ष परिषद के हार्दिक धन्यवाद। संगही मिलके हमनी के अपना क्रिकेटरन खातिर आउर जादे बेहतर माहौल तइयार कs रहल बानी सs। जय हिंद।

पहिलहु बोर्ड उठा चुकल बा अइसन डेग

पिछला साल बीसीसीआई घरेलू टूर्नामेंट खातिर पुरस्कार राशि बढ़वलस आ रणजी ट्रॉफी विजेता के पांच करोड़ रुपिया के नकद पुरस्कार दिहल गइल रहे। ईरानी कप खातिर नकद पुरस्कार दोगुना कs दिहल गइल रहे। जेमे विजेता के 25 लाख रुपिया के बजाय 50 लाख रुपिया दिहल गइल रहे आ उपविजेता टीम के 25 लाख रुपिया दिहल गइल रहे। दलीप ट्रॉफी में अब चैंपियन के एक करोड़ रुपिया आ उपविजेता टीम के 50 लाख रुपिया मिलेला।  जबकि, विजय हजारे ट्रॉफी के विजेता के एक करोड़ रुपिया आ दूसरका स्थान पs रहे वाली टीम के 50 लाख रुपिया मिलेला।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.