छपरा में महिला आयोग लगवलस शिविर…36 ममिलन के सुनवाई: जिला में पहिला बेर लागल शिविर, 3 सालन से लंबित रहे 36 केस

Share

सारण में सुक के महिला आयोग द्वारा एक दिन के शिविर के आयोजन कइल गइल। शिविर में महिला आयोग के सदस्यन द्वारा बीतल तीन सालन से लंबित 36 ममिलन के सुनवाई कइल गइल। महिला आयोग आपके द्वार कार्यक्रम के तहत पूरा बिहार में महिला उत्पीड़न आ प्रताड़ना से संबंधित ममिलन के सुनवाई भइल।

एह कैंप के आयोजन छपरा मुख्यालय के सर्किट हाउस में कइल गइल रहे। कैंप के दौरान कुल 36 ममिलन के सुनवाई भइल। जेमे से कुल 6 वादन में अगिला तिथि दिहल गइल। तीन ममिलन के जिलाधिकारी सारण आ पुलिस अधीक्षक सारण से प्रतिवेदन के मांग कइल गइल। आउर 7 ममिलन के निष्पादन कइल गइल। शिविर खत्म होखला के बाद महिला आयोग के सदस्यन द्वारा प्रेस वार्ता आयोजित कs के जानकारी दिहल गइल।

प्रेस वार्ता के संबोधित करत महिला आयोग के अध्यक्ष अश्वमेध देवी बतवली कि महिला आयोग के पुनर्गठन के बाद आयोग सजग तौर पs काम कs रहल बा। महिला आयोग आपके द्वारा कार्यक्रम के तहत हर जिला में शिविर के आयोजन कइल जा रहल बा। एकरा तहत सारण के अतिथि गृह में शिविर के आयोजन कइल गइल। भविष्यो में आयोग द्वारा कइयन गो कार्यक्रम आयोजित कs के समस्या आ ममिलन के निष्पादन कइल जाई।

बीतल तीन साल से महिला आयोग के गठन ना भइल रहे। जवना के लेके परेसानी भइल। आवे वाला दिनन में सब तरे के ममिलन के संज्ञान लिहल जाई। एह कार्यक्रम के दौरान महिला आयोग के अध्यक्ष अश्वमेध देवी के संगे डॉ. सुजाता सुभ्रम, संगीता कुशवाहा आ अंजू कुमारी मवजूद रहे लो।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-