ट्रक के चपेट में अइला से गइल महिला के जान, गाड़ी छोड़ के ड्राइवर फरार 

दुर्घटना: फोटो

Share

बक्सर। शहर के सिंडिकेट बुधनपुरवा मोड़ के लगे ट्रक के चपेट में अइला से अधेड महिला के जान चल गइल। दुर्घटना बुध के सबेरे नगर थाना क्षेत्र में भइल। मृतका विंध्याचल देवी, सिमरी थाना क्षेत्र के सहायक ओपी, तिलकराय हाता, गांव मानिकपुर के रहे वाली रहली।

जानकारी के मोताबिक उ बाइक पs आपन बेटा राजेश राय के संगे पंचकोश मेला में बक्सर जात रही। सिंडिकेट मोड़ के लगे बाइक पs उनकर संतुलन बिगड़ गइल आ ऊ नीचे गिर गइली। अतने में पीछे से आवत ट्रक उनका के कुचल दिहलस।

सूचना मिलतही मवका पs पहुंचल पुलिस शव के पोस्टमार्टम खातिर अस्पताल भेजलस। उनकर बेटा राजेश राय बतवलें की ऊ लोग बक्सर मेला में सामिल होखे जात रहे। उनकर एगो घर पांडेपट्टी के 11 नंबर वार्डो में बा। एही तइयारी से ऊ लोग चलल रहे। लेकिन रास्ता में ई अनहोनी हो गइल।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-