[the_ad_group id="30365"]

बाइक के धक्का से पूर्व मुखिया के मौत: सामान किने  घर से निकलल रहस, वापस लवटला के दौरान भइल हादसा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोपालगंज के कुचायकोट थाना क्षेत्र के बघऊच बाजार के लगे बाइक सवार पैदल जा रहल पूर्व मुखिया के धक्का मार देलस। धक्का लगतही ऊ मवका पs गिरके बुरी तरह जख्मी हो गइलें। जब तक इलाज खातिर अस्पताल लेके जाइल गइल तब ले उनकर मौत हो गइल।

सूचना पाके मौका पs पहुंचल पुलिस शव के पोस्टमॉर्टम खातिर सदर अस्पताल भेज देलस। मवका के फायदा उठाके बाइक सवार फरार हो गइल। मृतक के पहचान कुचायकोट थाना क्षेत्र के बाघौच गांव निवासी सुखाड़ी राम के 60 साल के बेटा नेपाल राम के रूप में कइल गइल बा।

अस्पताल ले जात घरी भइल मौत

मृतक के परिजन लोग कहल कि सोमार के रात घर से समान किने बघौच बाजार गइल रहे लो। बाजार से समान किन के ऊ  लोग अपना घरे लवटत रहे लो, बहुत देर तक जब ऊ घरे ना पहुंचलें तs परिजनन के चिंता होखे लागल। जवना के बाद परिजन बाजार गइल लो। जहां ऊ जख्मी अवस्था में पड़ले रहस। परिजन स्थानीय लोगन के सहजोग से इलाज खातिर स्थानीय अस्पताल लेके जात रहे लो तबे रास्ता में उनकर मौत हो गइल।

मौका पर पहुंचल पुलिस शव के पोस्टमॉर्टम खातिर सदर अस्पताल भेज देले बिया। मृतक कटेया प्रखंड के भेड़िया पंचायत के पूर्व मुखिया रहस। मृतक के एगो बेटा आ दुगो बेटी बा लो। सबकर बियाह ऊ कs चुकल रहलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]