पटना मेट्रो निर्माण में लागल क्रेन महिला के कुचललस..मौत: साथ में मवजूद 4 साल के बेटा सदमा में तुरलस दम; अगमकुआं के लगे हादसा

Share

पटना में मेट्रो डिपो के काम में लागल क्रेन एगो महिला के कुचल देलस। एसे ओकर मवके पs मौत हो गइल। बतावल जा रहल बा कि अपना मां के मौत के दृश्य देखतही ओकर 4 साल के बेटो दम तुर देलस।

घटना के बाद गुस्साइल लोग पटना सिटी के बाइपास के जाम कs के हंगामा कइल। लोग क्रेन के शीशा तुड़ दिहल आ ओकरा के बुरा तरे क्षतिग्रस्त कs दिहल। घटना अगमकुआं थाना क्षेत्र के ट्रांसपोर्ट नगर के हs।

हंगामा के सूचना मिलतही अगमकुआं थाना, बाइपास थाना, राम कृष्णा नगर थाना सहित कइयन थानन के पुलिस पहुंचल। पुलिस ममिला के शांत करे के कोसिस कइल। एकरा बाद महिला के शव के पोस्टमॉर्टम खातिर NMCH भेज दिहल गइल।

NH-30 के लगे मेट्रो के काम चलत रहे 

अगमकुआं थाना क्षेत्र के NH-30 के लगे मेट्रो के काम चल रहल बा। ओहि इलाका में सड़क किनारे ढ़ेर सारा लोग झुग्गी झोपड़ी लगा के आपन जीवन बसर करेला। अतवार के क्रेन डिपो के काम खातिर जइसही आगे बढ़ल, ओइसही एगो महिला ओकरा चपेट में आ गइल। एसे ओकर मवके पs मौत हो गइल। महिला के 4 साल के बेटा झोपड़ी में सुतल रहे। आपन मां के मरल पड़ल देख ऊ सदमा में आ गइल। तनिका देर बाद ओकरो  मौत हो गइल।

हार्ट अटैक से भइल लईका के मौत

बतावल जा रहल बा कि मां के मौत के बाद बेटा के हार्ट अटैक से मौत भइल बा। हालांकि, एकर अभी पुष्टि नइखे भइल। ओहिजा, घटना के बाद गुस्साइल लोग पटना बाइपास सड़क के जाम कs के जमके प्रदर्शन कइल। पुलिस प्रदर्शन कs रहल लोगन के समझा-बुझाके शांत करावल।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-