[the_ad_group id="30365"]

महाराष्ट्र: समृद्धि एक्सप्रेस-वे पs उद्घाटन के छव महीना के भीतरे 88 के मौत, जानीं का बा हादसा के वजह

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

महाराष्ट्र में पिछला साल दिसंबर में बनल समृद्धि एक्सप्रेस-वे पs अभी तक 88 लोगन के जान जा चुकल बा। एमे सनीचर के एगो निजी बस के डिवाइडर से टकरा गइला के बाद ओह में आग लगला से 25 यात्रियन के मौत के आंकड़ा सामिल बा। अधिकारियन बतावले कि पिछले साल दिसंबर में ऐह एक्सप्रेस-वे को आंशिक रूप से खोलाल गइल।

हादसन के पीछा के कारण

महाराष्ट्र राजमार्ग पुलिस के एगो अधिकारी हादसन के पीछे के कारण बतवलें। ऊ कहलें कि छव-लेन चौडा एह एक्सप्रेस-वे पs होखे वाला हादसन के कारणन में से एगो कारण सड़क सम्मोहन (Road hypnosis) बा। सड़क सम्मोहन एगो अइसन मानसिक अवस्था बा, जेहमें चालक सड़क के एकरसता से सम्मोहित होके बाहरी घटनाक्रमन से प्रभावित भईले बिना बहुत दूरी तक वाहन चलावत जाला। अगर सरल भाषा में समझल जाव तs सड़क सम्मोहन माने अच्छा सड़क देखके ध्यान खो देहल।

616 गो हो चुकल बा हादसा

अधिकारी आंकडन के हवाला देत कहलें कि पिछला साल दिसंबर से अब तक नागपुर-मुंबई एक्सप्रेसवे पs कुल 39 घातक दुर्घटना भइल। एकरा अलावे, एह एक्सप्रेस-वे पs 616 छोट-बड़ दुर्घटना भइल, जेमे 656 लोगन के गंभीर भा मामूली चोट आइल। ऊ बतवलें कि अधिकांश दुर्घटना तेज गति से वाहन चलावे, वाहन चलावत समय चालक के झपकी लगला अउर टायर फटला जइसन कारणन से भइल।

महाराष्ट्र में पिछला साल 15 हजार से जादे मौत

ऊ कहललें कि हाईवे पुलिस सड़क सम्मोहन के समस्या से निपटे के कोसिस कs रहल बिया। अधिकारी लोगन के मोताबिक, 2022 में महाराष्ट्र में सड़क दुर्घटनन में कुल 15,224 लोगन के मौत भइल। पुलिस बतवलस कि सनीचर के तड़के बुलढाणा जिला में एक्सप्रेस-वे पs डिवाइडर से टकरा गइला के बाद एगो निजी बस में आग लाग गइल जेमे यात्रा कs रहल 25 यात्रियन के झुलसके मौत हो गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]