[the_ad_group id="30365"]

Praveen Kumar : पूर्व क्रिकेटर प्रवीण कुमार के कार के कैंटर मरलस टक्कर; बेटा साथे रहे मवजूद, बाल-बाल बचल लो

ex cricketer praveen kumar car hit by canter
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Praveen Kumar Accident News: पूर्व क्रिकेटर प्रवीण कुमार के कार के मंगर देर रात कमिश्नर आवास के नजदीक तेज रफ्तार कैंटर टक्कर मार देलस। प्रवीण कुमार बाल-बाल बच गइलेन मवका पs पहुंचल पुलिस आरोपी कैंटर चालक के पकड़ लेले बिया।

बागपत रोड इस्थित मुलतान नगर निवासी प्रवीण कुमार मंगर रात करीब 10 बजे अपना डिफेंडर गाड़ी से पांडव नगर के  तरफ से आवत रहस। साथ में उनकर बेटो रहे। कमिश्नर आवास के नजदीक पहुंचतही सामने से आ रहल तेज रफ्तार कैंटर उनका गाड़ी में टक्कर मार देलस।

इहो पढ़ीं- Team India Chief Selector: BCCI कइलस नया चीफ सेलेक्‍टर के घोषणा, Ajit Agarkar लेलें चेतन शर्मा के जगह

जेमे गाड़ी क्षतिग्रस्त हो गइल, जबकि प्रवीण कुमार आ उनकर बेटा बाल-बाल बच गइल लो। हादसा के बाद उहां लोगन के भीड़ जमा हो गइल, जे कैंटर चालक के मवके पs दबोच लिहल। सूचना मिलला पs सिविल लाइन थाना पुलिस मवका पs पहुंचल। एसपी सिटी पीयूष कुमार बतवलें कि कैंटर चालक के हिरासत में लेके थाना भेजल गइल बा। सीओ बतवलें कि हादसा में प्रवीण कुमार आ उनकर बेटा सुरक्षित बा लो।

साभार: दैनिक जागरण

भोजपुरी में कहानी सुने खातिर विजिट करीं यायवारी वाया भोजपुरी ऐप

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]