[the_ad_group id="30365"]

UP के बहराइच में भेड़िया के आतंक जारी, अब 11 साल के लइकी के बनवलस शिकार

आदमखोर भेड़िया: फोटो
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

उत्तर प्रदेश के बहराइच में भेड़िया के आतंक जारी बा।  काल्हु रात एगो भेड़िया एगो 11 साल के लइकी पs हमला कs दिहलस.  हमला के बाद उs फरार हो गईल।  भेड़िया के हमला से लईकी घाही हो गईल बिया, जवना के इलाज खातीr स्थानीय सरकारी अस्पताल महसी में भर्ती करावल गईल बा।  हमला के बाद लोग में दहशत अवुरी बढ़ गईल बा।

भेड़िया ‘अल्फा’ के तलाश जारी

बता दीं कि बहराइच जिला के करीब 50 गाँवन में आदमखोर  भेड़िया आतंक पैदा कs दिहले बा.  एही बीच मंगल के सबेरे भेड़िया झुंड में पांचवा भेड़िया के वन विभाग के टीम पकड़ लिहलस।  अब वन विभाग ‘अल्फा’ नाम के भेड़िया के खोज में लागल बा।  मंगल के सबेरे करीब 6:15 बजे महसी तहसील के सिसैया चूणामणि गांव के हरबख्शसिंह पुरवा से भेड़िया पकड़ल गईल।  ई एगो मादा भेड़िया हs।  पिछला डेढ़ महीना से महसी तहसील के 50 गांव में आतंक के पर्याय बन चुकल छह भेड़िया के झुंड के इs पांचवा सदस्य रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]