[the_ad_group id="30365"]

Mukesh Kumar: गोपालगंज से टीम इंडिया वाया कोलकाता… सेना में जाये के सपना टूटल, बाबूजी के मौत तक ना तुड़ सकल मुकेश कुमार के हिम्मत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारतीय टीम अभी दक्षिण अफ्रीका (IND vs SA) के खिलाफ टी20 सीरीज खेल रहल बिया। एकरा बाद दुनो टीमन के बीचे तीन मैच के वनडे सीरीज होई। एह सीरीज के पहिला मुकाबला 6 अक्टूबर के खेलल जाई। एह सीरीज खातिर भारतीय टीम के घोषणा हो गइल बा। शिखर धवन कप्तान के भूमिका में नजर अइहहें। एह टीम में 28 साल के मुकेश कुमार (Mukesh Kumar) को जगह मिलल बा। मुकेश दहिना हाथ के तेज गेंदबाज हवे आ बॉल के दुनो तरफ स्विंग करवावे के क्षमता रखेलें।

के हवे मुकेश कुमार??

एही महीना 29 साल के हो रहल मुकेश कुमार के जन्म बिहार के गोपालगंज में भइल रहे। उनकर बाबूजी कोलकाता में ऑटो चलावत रहले। ऊ सुरुआत में मुहल्ला के लईकन के साथे क्रिकेट खेलत रहले। गोपालगंज में एगो प्रतियोगिता में ऊ 7 मैच में 35 विकेट लेले रहस। एकरा बाद उनका जिला के टीम में जगह मिलल। ऊ अंडर-19 टूर्नामेंट में बिहार के प्रतिनिधित्व कइले रहस। ऊ आईपीएल में दिल्ली कैपिटल्स के नेट्स बॉलर तक रह चुकल बाड़े।

सेना के फीजिकल टेस्ट में तीन बार भइले फेल

गोपालगंज जिला के ककरकुंड के रहे वाला मुकेश सेना में भर्ती होखे के कोसिस कइले, बाकिर फीजिकल में तीन बेर फेल भइले। दुर्घटना के शिकार होखला के बाद 2012 में ऊ बाबूजी के लगे कोलकाता चले गइले। उनकर  बाबूजी उनका के कोलकाता में नौकरी करे खातिर बोलवले रहस बाकिर ऊ उहवों क्रिकेट खेलल जारी रखले। अपना क्रिकेट करियर के सुरुआत सेकेंड डिवीजन लीग आ फिर फर्स्ट डिवीजन खेलके कइले। 2015 में ऊ बंगाल खातिर डेब्यू कइले।

वकार यूनिस भइल रहस प्रभावित

बंगाल क्रिकेट एसोसिएशन 2014 में ‘विजन 2020’ प्रोजेक्ट खातिर कैंप के आयोजन कइले रहे। उहां 200 से 250 खिलाड़ी रहे लो आ ओमे मुकेश कुमार के चयन भइल रहे। कैंप में जब उनकर नाम बोलावल गइल तs ऊ बाथरूम में रहस। ऊ देरी से पहुंचले आ चयनकर्ता लोगन के कारण बतवला के बाद गेंदबाजी करे के मौका मिलल। वकार यूनिस उनका गेंदबाजी से बहुते प्रभावित भइले आ उनकर चयन हो गइल।

पिता के मौत के बादो ना रुकले

मुकेश कुमार के पिता काशीनाथ सिंह के मौत पिछला साल हो गइल रहे। एकरा बाद ऊ पूरा तरे टूट गइले बाकिर क्रिकेट खेलल जारी रखले। एही साल अगस्त में उनकर चयन इंडिया ए टीम खातिर भइल रहे। अभी ऊ ईरानी कप में रेस्ट ऑफ इंडिया खातिर खेलत रहले। अभी ले 30 फर्स्ट क्लास मैच में मुकेश के नावे 109 जबकि 18 लिस्ट ए मैच 17 विकेट बा। ऊ  टी20 में 17 मैच में 19 विकेट ले चुकल बाड़े।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]