[the_ad_group id="30365"]

Saharsa News: सहरसा में दबोचाइल दरभंगा के मोस्ट वांटेड क्रिमिनल, कट्टा आ जिन्दा कारतूस बरामद

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Saharsa News Today सहरसा के जलई ओपी पुलिस शंकरथुआ गांव के सटले बलान बांध पऽ एगो लोडेड देशी कट्टा के साथे दरभंगा के एगो शातिर बदमाश के गिरफ्तार कइलस। गिरफ्तार बदमाश के पूछताछ के बाद न्यायालय भेज दिहल गइल बा। ओकर तलाशी लेला पऽ ओकरा कमर से एगो कट्टा आ एहो जिन्दा कारतूस बरामद कइल गइल। पुलिस द्वारा युवक के गिरफ्तार कर के मोटरसाइकिल जब्त कऽ के थाना लिआवल गइल ।

एह संबंध में ओपी अध्यक्ष ज्ञान रंजन कुमार बतवले कि उनका फोन पs सूचना मिलल की बलान बांध पs शंकरथुआ के समीप एगो युवक हथियार के साथे कवनो आपराधिक घटना के अंजाम देवे के फिराक में घूम रहल बा।

Saharsa News: सहरसा के जलई ओपी पुलिस शंकरथुआ गांव के सटले बलान बांध पs एगो लोडेड देशी कट्टा के साथे बदमाश के गिरफ्तार कइलस। गिरफ्तार बदमाश के पूछताछ के बाद न्यायालय भेज दिहल गइल बा।

एह संबंध में ओपी अध्यक्ष ज्ञान रंजन कुमार बतवले कि उनका फोन पs सूचना मिलल की बलान बांध पs शंकरथुआ के समीप एगो युवक हथियार के साथे कवनो आपराधिक घटना के अंजाम देवे के फिराक में घूम रहल बा।

जब पुलिस अधिकारी सशस्त्र बल के साथे उपरोक्त स्थल पs पहुँचले तऽ एगो युवक जवन हीरो स्पलेंडर मोटरसाइकिल न.बीआर 19 वी 1781 पs सवार रहे। पुलिस के देख बाइक छोड़ भागे लागल। जवना के पुलिस बल के मदद से खदेड़ के पकड़ल गइल।

ओकर तलाशी लेला पs ओकरा कमर से एगो कट्टा आ एगो जिन्दा कारतूस बरामद कइल गइल। पुलिस के ओर से युवक के गिरफ्तार कऽ के मोटरसाइकिल जब्त कर थाना लिआवल गइल। पूछताछ के दौरान युवक अपना नाम गमगम कुमार पिता श्याम यादव , घर दरभंगा जिला के कुशेश्वर थाना क्षेत्र अन्तर्गत मोदिम बतवलस।

साभार – जागरण

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]