[the_ad_group id="30365"]

Ashutosh Sharma 10 साल के उम्र में छोड़ले रहले घर, झेलले मुश्किल; अब 20 लाख के खिलाड़ी जीत रहल बा फैंस के दिल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Ipl 2024: आशुतोष शर्मा (Ashutosh Sharma) मध्यप्रदेश के छोट शहर रतलाम में जन्म भइल आ इंदौर में उऽ पढ़ाई-लिखाई कइले। आशुतोष लाइमलाइट में साल 2023 सैयद मुश्ताक अली ट्रॉफी के जरिए अइलें। ग्रुप स्टेज मैच में अरुणाचल प्रदेश के खिलाफ आशुतोष 11 गेंद पऽ हाफ सेंचुरी जड़ले जवन टी20 में भारतीय बैटर द्वारा सबसे तेज फिफ्टी रहल। मुंबई के खिलाफ आईपीएल में आपन पहिला हाफ सेंचुरी जड़ले।

बॉलीवुड फिल्म संजू के ‘कर हर मैदान फतेह ओ बंदेया’ आशुतोष शर्मा (Ashutosh Sharma) पऽ सटीक बइठऽता। आईपीएल में स्टार बल्लेबाज बनला से पहिले आशुतोष शर्मा के जीवन में बहुत उतार चढ़ाव आइल। बचपन से लेके आ रेलवे में जॉब मिलला से पहिले आशुतोष के जीवन कठिनाई से भरल रहल बा। उऽ अन्हरिया के गहराइ से निकल के आशुतोष अपना मेहनत के रोशनी से आपन जीवन रौशन कइले। आईपीएल में आपन पहिला फिफ्टी जड़ के फैंस के दिल जीत लेले।

आशुतोष शर्मा मध्‍य प्रदेश के शहर रतलाम से संबंध रखले। उऽ मात्र आठ साल के उम्र में इंदौर आ गइल रहले। इहाँ उनकर जीवन कठिनाइ से भरल रहे। 10 साल के उम्र से उऽ खुद से खाना बनावत रहलें, खुद कपड़ा धोवत रहले। कई बार आशुतोष के लगे पइसा ना रहत रहें तऽ उनका अंपायरिंग कर के पइसा कमाए के पड़त रहे, जवना से कम से कम से एक समय के खाना के जुगाड़ हो जात रहे, बाकिर किस्‍मत तब पल्‍टल जब MPCA एकेडमी में पूर्व भारतीय क्रिकेटर अमय खुरसिया के साथ मिलल।

रेलवेज जतवले  रहे भरोसा

आशुतोष शर्मा के संघर्ष अबही खत्‍म नइखे भइल। 2018 में आशुतोष सैयद मुश्‍ताक अली ट्रॉफी में मध्‍य प्रदेश खातिर डेब्‍यू कइले। अगिला सीजन एमपी के खातिर अपना आखिरी टी20 मैच में उऽ 84 रन बनवले। 2020 में अंडर-23 में दू शतक लगवले। एकरा बावजूद उनका कई बेर टीम में अंदर-बाहर कइल गइल। उऽ रेलवेज में जाए के सोचले। रेलवेज में कोच आ चयनकर्ता लो आशुतोष पऽ आपन पूरा भरोसा जतवलस आ उनकर काफी मदद कइलस।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]