जब मास्टर साहेब छात्र के पिटाई कईले त रिश्तेदार ओकरा के बीच सड़क पे पीटले , मास्टर साहेब से उठक-बइठक भी करवेले

Share

 

हमनी के देश में गुरु के भगवान के दर्जा दिहल जाला। कहल जाला कि खाली एगो अइसन गुरु होला जे बिना कवनो स्वार्थ के अपना विद्यार्थी के भविष्य के सुधारे खातिर आपन जान देला। बिना गुरु के सफलता के ओर एक डेग भी बढ़ावल असंभव बा अवुरी एही से गुरु के सम्मान दिहल जाला। लेकिन झारखंड में इ परंपरा एकदम उल्टा बा। इहां एगो छात्र के पिटाई के बाद ओकर माई-बाबूजी मास्टर साहब के बीच सड़क पे कुट के ओहिजा उठक-बइठक करवले।

झारखंड के पाकुड़ जिला के बात 

मामला झारखंड के पाकुड़ जिला के बा। उत्क्रमित मध्य विद्यालय इस्लामपुर में एगो छात्र के पिटाई करेवाला एगो शिक्षक के छात्र के परिवार के लोग पीटले अवुरी ओकरा बाद सड़क पे उठक-बइठक करावे के काम कईले। जिला भर के शिक्षक ए घटना से नाराज बाड़े। उ आरोपी के गिरफ्तार ना भईला पे आंदोलन के चेतावनी देले बाड़े। बतावल गईल कि उत्क्रमित मध्य विद्यालय इस्लामपुर में शनिवार के परीक्षा चलत रहे अवुरी ए दौरान एगो छात्र बार-बार परीक्षा केंद्र में प्रवेश करत रहे। एकरा से खिसिया के मास्टर साहेब छात्र के पीटले।

बीच सड़क पे उठक-बइठक

छात्र अपना घर पहुंच के इ जानकारी अपना परिवार के लोग के दे देलस। सूचना मिलते परिजन स्कूल पहुंचले अवुरी शिक्षक से झगड़ा शुरू क देले। एह दौरान गाँव के दोसर लोग भी पहुँच के मास्टर साहब के सड़क पे ले गइल आ कान पकड़ के उठक-बइठक करावे लगले। पुलिस के जब ए बारे में जानकारी मिलल त उ मौका पे पहुंच गईल। हालांकि जब तक पुलिस पहुंचल तब तक सभे भाग गईल रहे।

शिक्षक लोग कार्रवाई खातिर 3 दिन के अल्टीमेटम देले

घटना के बाद डेराइल शिक्षक स्कूल छोड़ के चल गईले। उ मारपीट के घटना के बारे में शिक्षा विभाग के अधिकारी के जानकारी देले। एकरा बाद शिक्षक संघ के नेता अवुरी सैकड़ों शिक्षक जिला मुख्यालय में स्थित क्लस्टर रिसोर्स सेंटर पहुंचले अवुरी मारपीट के विरोध कईले। तीन दिन के अल्टीमेटम देत उ कहले कि जदी आरोपी के खिलाफ कार्रवाई अवुरी गिरफ्तारी के खिलाफ कार्रवाई ना भईल त उ लोग आंदोलन करीहे।

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-