IND vs NZ Playing 11 : पहिला वनडे खातिर भारत के संभावित प्लेइंग-11 कइसन रही? का पंत के मिली मौका?

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। भारतीय पुरुष क्रिकेट टीम साल 2026 के सुरुआत न्यूजीलैंड के खिलाफ वनडे सीरीज से करे जा रहल बिया। भारत आ न्यूजीलैंड के बीच पहिला वनडे मैच अतवार के वडोदरा में खेलल जाई। ई साल भारत खातिर बहुते व्यस्त बा आ अगिला महीना टी20 वर्ल्ड कप होखे वाला बा, एही चलते कीवी टीम के खिलाफ ई सीमित ओवर के सीरीज बहुत अहम मानल जा रहल बा।

टीम इंडिया के टेस्ट आ वनडे कप्तान शुभमन गिल चोट से उबर के मैदान पs वापसी करे जा रहल बाड़ें। पिछिला कुछ समय से गिल के फॉर्म सवालन में रहल बा, बाकिर एह सीरीज से उनका आपन लय वापस पावे के पूरा मौका मिली। कप्तान के तौर पर ई सीरीज उनका खातिर खुद के साबित करे के मंच हो सकेला।

रोहित-कोहली के जोड़ी फेर मचाई धमाल

न्यूजीलैंड के खिलाफ वनडे सीरीज में रोहित शर्मा आ विराट कोहली जइसन दिग्गज बल्लेबाज टीम में मवजूद बा लोग। साउथ अफ्रीका के खिलाफ पिछिला वनडे सीरीज में विराट कोहली सानदार फॉर्म में नजर आइल रहस आ जीत में अहम भूमिका निभवले रहस। अब एक बेर फेर “रो-को” के जोड़ी दर्शकन के भरपूर मनोरंजन करे के उम्मेद बा। सीरीज से पहिले रोहित आ कोहली विजय हजारे ट्रॉफी में दु मैच खेल चुकल बा लोग।

यशस्वी जायसवाल के बाहर बइठे के पड़ी?

शुभमन गिल के वापसी के बाद यशस्वी जायसवाल के प्लेइंग-11 से बाहर बइठावल जा सकेला। यशस्वी भलही पिछिला मैच में साउथ अफ्रीका के खिलाफ आपन पहिला वनडे शतक लगवले रहस, बाकिर टीम मैनेजमेंट अनुभव के तवज्जो दे सकेला।

श्रेयस अय्यर के दमदार वापसी

एह सीरीज से श्रेयस अय्यर के भारतीय टीम में वापसी हो रहल बा। ऑस्ट्रेलिया दौरा पs चोटिल भइल श्रेयस अब पूरा तरे फिट बतावल जा रहल बाड़ें। विजय हजारे ट्रॉफी में मुंबई के कप्तानी करत ऊ सानदार फार्म में नजर आइल रहस। संभावना बा कि श्रेयस एक बेर फेर चउथा नंबर पs बल्लेबाजी करत लउकलें।

विकेटकीपर के तौर पs राहुल आगे

ऋषभ पंत के टीम में सामिल कइला पs चरचा जरूर भइल, बाकिर प्लेइंग-11 में विकेटकीपर के तौर पs केएल राहुल पहिला पसंद रहिहें। एकरा चलते पंत के अंतिम एकादश में मौका मिलल मुश्किल दिख रहल बा।

गेंदबाजी के जिम्मा सिराज पs

जसप्रीत बुमराह आ हार्दिक पांड्या के आराम दिहल गइल बा। अइसन में तेज गेंदबाजी के जिम्मेदारी मोहम्मद सिराज, अर्शदीप सिंह, हर्षित राणा आ प्रसिद्ध कृष्णा पs रही। स्पिन विभाग में कुलदीप यादव, रवींद्र जडेजा आ वॉशिंगटन सुंदर अहम भूमिका निभइहें।

कुल मिलाके, न्यूजीलैंड के खिलाफ पहिला वनडे मैच भारत खातिर संयोजन परख करे के बढ़िया मौका रही, जहां टी20 वर्ल्ड कप से पहिले टीम आपन सही प्लेइंग-11 तय करे के कोसिस करीं।

Read Also: Rourkela Plane Crash : ओडिशा के राउरकेला में विमान हादसा, 9 सीटर प्लेन के क्रैश लैंडिंग, 6 यात्री घायल

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-