Rourkela Plane Crash : ओडिशा के राउरकेला में विमान हादसा, 9 सीटर प्लेन के क्रैश लैंडिंग, 6 यात्री घायल

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 10, 2026

राउरकेला। ओडिशा के राउरकेला में सनिचर के दुपहरिया बड़ विमान हादसा होत-होत बच गइल। भुवनेश्वर से राउरकेला आ रहल इंडिया वन एयर के सेसना ग्रैंड कारवां ईएक्स विमान सनिचर के दुपहरिया करीब 1:40 बजे जलदा

Share

Emergency crash landing of a small passenger plane in Rourkela Odisha

राउरकेला। ओडिशा के राउरकेला में सनिचर के दुपहरिया बड़ विमान हादसा होत-होत बच गइल। भुवनेश्वर से राउरकेला आ रहल इंडिया वन एयर के सेसना ग्रैंड कारवां ईएक्स विमान सनिचर के दुपहरिया करीब 1:40 बजे जलदा कंसर गाड़िया टोली इलाका के एगो खेत में आपातकालीन लैंडिंग कइलस। ई विमान 9 सीटर रहे, बाकिर एमे कुल 14 लोग सवार रहें, जेमे 12 यात्री आ 2 चालक दल के सदस्य सामिल रहे लोग।

राहत के बात ई बा कि अभी कवनो जानमाल के नुकसान के खबर नइखे। कोलकाता एटीसी (एयर ट्रैफिक कंट्रोल) विमान के खराब हालत आ इमरजेंसी लैंडिंग के जानकारी राउरकेला जिला प्रशासन के देले रहे। खबर मिलतही प्रशासन हरकत में आ गइल।

अधिकारी लोग तुरंत मवका पs पहुंच के हालात के जायजा लेले रहे। सुरुआती जांच में पता चलल बा कि विमान में तकनीकी खराबी आ गइला के चलते ई आपात लैंडिंग करावल गइल। घटना के बाद स्थानीय प्रशासन आ पुलिस विमान के चारो ओर घेराबंदी कs के सुरक्षा बेवस्था कड़ा कs देले बिया।

लैंडिंग में आगे के पहिया टूटल

इमरजेंसी लैंडिंग के दौरान विमान के अगिला पहिया बुरा तरे से क्षतिग्रस्त हो गइल, जबकि पीछे के दूनो पहिया सुरक्षित बतावल जा रहल बा। एह हादसा में विमान के पायलट, एगो क्रू मेंबर सहित कुल छव यात्री घायल हो गइले बा लोग। सब घायलन के तुरंत प्राथमिक इलाज खातिर अस्पताल भेजल गइल।

घटना के जानकारी मिलतही राउरकेला के एसपी नितेश वाधवानी खुद मवका पs पहुंच के हालात के समीक्षा कइलें। डीआईजी बृजेश राय घटनास्थल खातिर रवाना भइलें। सूचना मिलतही फायर ब्रिगेड आ एंबुलेंस टीम तुरंत राहत आ बचाव काम में जुट गइल। पुलिस इलाका के सील कs के ममिला के जांच सुरू कs देले बिया। ओने, हादसा के खबर फइलतही आसपास के इलाका में लोगन के बड़ भीड़ जुट गइल।

Read Also: KC Tyagi : केसी त्यागी के जदयू से छुट्टी! पार्टी बोलल हमनी से अब कवनो आधिकारिक नाता ना

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.