[the_ad_group id="30365"]

Weather: अब मोबाइल पs मौसम अपडेट, पिन कोड से मिली वेदर रिपोर्ट, IMD ले आवता नया सिस्टम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

पिन कोड से मौसम अपडेट : मौसम के बारे में अपडेट जाने के परेशानी जल्दिए खतम होखे वाला बा। अब एक क्लिक पs रउरा के अपना इलाका के मौसम के जानकारी मिल जाई। एकरा खातिर भारत मौसम विभाग (आईएमडी) जल्दिए एगो नया सिस्टम शुरू करे वाला बा, जवना के बाद सिर्फ पिन कोड के ही ओ इलाका के मौसम अपडेट मिली।

आईएमडी के महानिदेशक मृत्युंजय महापात्रा कहले कि जबो आ जेने आदमी के मौसम के जानकारी चाही त उ ओकरा लगे उपलब्ध होखे के चाही। भारत एगो बड़हन देश ह आ हर गाँव में ऑब्जर्वेटरी खोलल संभव नइखे बाकिर विश्लेषण से हमनी के कहीं भी मौसम के अंदाजा लगा सकेनी जा।

वेबसाइट से अपडेट मिल जाई

महापात्रा आगे कहले कि अवलोकन के संगे हमनी के गणना करे के क्षमता भी बढ़ल बा। अयीसना में हमनी के पिन कोड के आधार पs देश में कहीं भी मौसम के पूर्वानुमान लगावे के योजना बा। आईएमडी के वेबसाइट पs क्लिक क के लोग मौसम के अपडेट जान पईहे। एकरा खातिर मौसम विभाग हर मौसम, घर घर मौसम स्लोगन भी तइयार कइले बा।

डॉप्लर रडार के काम कब पूरा होई?

मौसम विभाग के जानकारी खातिर देश भर में डॉप्लर रडार के नेटवर्क बिछावल जा रहल बा। डॉप्लर रडार लगावे से मौसम विभाग के रडार से 400 किलोमीटर के दूरी पs मौसम के बारे में सही जानकारी मिल सकता। रडार के बारे में महापात्रा बतवले कि करीब 80 प्रतिशत इलाका डॉप्लर रडार से ढंकल बा। हमनी के लगे फिलहाल 37 गो डॉप्लर रडार बा। 2025 के अंत ले एकरा में 24 गो अउरी जोड़े के संभावना बा। हालांकि उ कहले कि इहे काफी नईखे। हमनी के अउरी रडार के ओर बढ़े के चाही। उ बतवले कि अब हमनी के 86 रडार के लक्ष्य तय कईले बानी।

मौसम विभाग के ओर से एसएमएस पs अलर्ट भी भेजल जाला, लेकिन एकरा बारे में शिकायत बा कि इ देर से पहुंच जाला। ए संबंध में मृत्युंजय महापात्रा कहले कि ए समस्या पs ध्यान देवे के जरूरत बा। उ बतवले कि मौसम विभाग के ओर से कवनो देरी नईखे होखत। सेवा देवे वाला लोग के एकरा में सुधार करे के चाही। एकरा संगे उ देरी से आवे वाला संदेश पs चिंता भी जतवले अवुरी कहले कि, जदी बिजली के चेतावनी तीन घंटा देरी से पहुंचता त इ बेकार बा। हमनी के एकरा पs काम कर रहल बानी जा।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]