Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

WBBL: 19 साल के टेस फ्लिंटॉप लगवली महिला बिग बैश लीग के सबसे तेज अर्धशतक, 16 गेंद में जड़ दिहली 51 रन

571
19 साल के टेस फ्लिंटॉप महिला बिग बैश लीग के सबसे तेज अर्धशतक लगवलें बाड़ी। मेलबर्न स्टार्स खातिर खेलत उ 16 गेंद में नाबाद 51 रन बना दिहली अउर एडिलेड स्ट्राइकर्स के टीम के 22 रन से हराने में अहम योगदान दिहलें। फ्लिंटॉप से पहले ई रिकॉर्ड ऑस्ट्रेलियाई ऑलराउंडर एश्ले गार्डनर अउर दक्षिण अफ्रीका ले लिजेल ली के नाम रहल। ई दूनों खिलाड़ी 22 गेंद में अर्धशतक लगवले रहने। दूनों लोग साल 2017 में ई रिकॉर्ड बनवले रहनें।

फ्लिंटॉप अपने पारी में छह चौका अउर तीन छक्का लगवली। उ पारी के आखिरी गेंद में छक्का लगवली अउर अपने टीम के स्कोर पांच विकेट पर 186 रन तक पहुंचवली।

तीन मैच बाद मिलल बल्लेबाजी

फ्लिंटॉप के पिछले तीन मैच में बल्लेबाजी के मौका नाइ मिलल रहे। एसे पहले ऊ पर्थ स्कॉचर्स के खिलाफ नाबाद 40 रन बनवले रहली। एह मैच में मेलबर्न स्टार्स के बड़ जीत में इंग्लैंड के एलिस कैप्सी अउर लॉरेन विनफील्ड हिल भी अहम योगदान दिहलीं। दूनों लोग दूसरे विकेट खातिर 81 रन की साझेदारी कइल। विनफील्ड 47 अउर कैप्सी 49 रन बनवली।

मेलबर्न स्टार्स के 186 रन के जवाब में एडिलेड स्ट्राइकर्स के टीम सिर्फ 164 रन बना पावल। कैटी मैक सबसे ज्यादा 47 रन बनवली। उहवें, ब्रिगेट पैटरसन 41 रन के पारी खेलली। मेलबर्न खातिर साशा मोलोनी  चार विकेट झटकली।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.