[the_ad_group id="30365"]

15 मार्च 2026 के राशिफल

Rashifal : राशिफल
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिनांक- 15/03/2026

श्री गणेशाय नमः

आज के पंचांग

चैत्र कृष्ण पक्ष

तिथि- एकादशी

दिन के 09 बजके 16 मिनट ले,

ओकरा बाद द्वादशी ।

दिन- अतवार।

श्रवण नक्षत्र

भोर के 05 बजके 56 मिनट ले,

ओकरा बाद धनिष्ठा नक्षत्र।

परिघ जोग

दिन के 10 बजके 25 मिनट ले,

ओकरा बाद शिव जोग।

बालव करण।

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 16/03/2026

चैत्र कृष्ण पक्ष

तिथि-द्वादशी

दिन के 09 बजके 41 मिनट ले।

दिन- सोमार।

धनिष्ठा नक्षत्र

सबेरे के 06 बजके 22 मिनट ले।

शिव जोग

दिन के 09 बजके 36 मिनट ले।

तैतिल करण।

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

पारिवारिक प्रतिष्ठा बढ़ी। आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। शासन सत्ता के सहजोग रही, बाकिर राहु शुक्र के युति रिश्तन में तनाव दे सकत बा।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

कवनो अइसन काम मत करीं जवना से सामाजिक प्रतिष्ठा प्रभावित होखे। शासन सत्ता के सहजोग रही। पारिवारिक जिनगी सुख से भरल होई।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

खीस पs नियंत्रण रखीं। संतान भा शिक्षा के कारण चिंतित रहेम। शासन सत्ता के सहजोग रह। मन अज्ञात भय से ग्रसित रही।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

संतान भा शिक्षा के कारण चिंतित रहेम। परिवार में अइसन घटना हो सकत बा जवना से मन अशांत होखे। संयम राखल हितकर होई।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

शिक्षा प्रतियोगिता के क्षेत्र में चल रहल प्रयास सार्थक होई। रचना के कोसिस सफल होई । स्वास्थ के लेके सचेत रहला के आवश्यकता बा।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

दांपत्य जीवन सुख से भरल होई। आर्थिक ममिलन में तनाव मिल सकत बा। चल भा अचल संपत्ति के ममिलन में सफलता मिली।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

विरोधी परास्त होई। रचना के काम में सफलता मिली। बेवसायिक योजना साकार होई। स्वास्थ्य के लेके सचेत रहला के आवश्यकता बा।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

बुद्धि कौशल से कइल गइल काम पूरा होई। जीवनसाथी के सहजोग आ सानिध्य मिली। निजी संबंध प्रगाढ़ होई।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

घर के जरुरी काम में बाझल रहेम। संतान के बेवहार से तनाव मिल सकत बा बेकार के भाग-दउर रही।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। धन, यश, कीर्ति में बढ़न्ती होई। सामाजिक प्रतिष्ठा बढ़ी। बेवसायिक कोसिस फलीभूत होई।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आर्थिक ममिलन में सुधार होई। यात्रा देशाटन के इस्थिति सुखद होई। संतान के संबंध में सुखद समाचार मिली।

 

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

बहुत उमेद के काम पूरा होखला से संपन्न होने से आत्मविश्वास में बढ़न्ती होई। आर्थिक ममिला आगा बढ़ी।

Read Also : Gorakhpur News : मतदाता जागरूकता अभियान के तहत एक दिन के कार्यक्रम आयोजित

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]