[the_ad_group id="30365"]

भीषण गरमी में नयी दिशा संस्था द्वारा लोगन के पियास बुझावे खातिर पानी आ शरबत पियावल गइल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर: नयी दिशा (साथी हाथ बढ़ाना) संस्था द्वारा आज बियफे के भीषण गरमी में लोगन के पियास बुझावे खातिर ठंडा पानी आ शरबत बांटल गइल। सबेरे 11 बजे से दुपहरिया के तीन बजे तक आमजनता आ राहगिरन खातिर संस्था के सदस्य लोग लगातार जल आ शरबत बांटे में लागल रहे लो।

नयी दिशा संस्था के संस्थापिका सुधा मोदी बतवली कि पिछला 17-18 साल से लोगन के सेवा खातिर प्रयासरत संस्था समय-समय पs एह तरे के आयोजन करत रहलें। पिछिला 5 से 6 साल में लोग भारी मात्रा में संस्था के एह मुहिम से जुड़ल बा आ अभियान तेजी से आगे बढ़ रहल बा।

बातचीत के क्रम में सुधा मोदी बतवली कि प्रशासन के भरपूर सहजोग हमनी के एह तरे के आमजनता से जुड़ल मुहिम के सफल बनावे खातिर लगातार मिलत रहेला। ऊ कहली कि गरमी के बढ़त प्रकोप के देखत संस्था के प्रयास बा कि लगातार एह तरे के सेवा अलग अलग जगहन पs दिहल जाव। आज के एह मुहिम से भारी मात्रा में लोग जुड़के आपन पियास बुझावल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]