Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

ओटीटी पs देखीं इ धमाकेदार फिलिम आ वेब सीरीज, एंटरटेनमेंट के होइ डबल धमाका

अक्टूबर के आखिरी हफ्ता में बहुते फिलिम आ वेब सीरीज रिलीज हो रहल बाड़ी सँ जवन ओटीटी प्लेटफार्म पs हिट होखे वाली बाड़ी सँ। अयीसना में रउरा घर में बईठ के ओटीटी पs कुछ विस्फोटक वेब सीरीज अवुरी फिल्म देख सकतानी।

3,516

अक्टूबर के आखिरी हफ्ता में रउरा कुछ विस्फोटक फिल्म आ वेब सीरीज देख सकीलें। एह हफ्ता मनोरंजन के खुराक दुगुना होखे वाला बा। एह हफ्ता रउरा कुछ बढ़िया फिलिमन के मजा ना खाली सिनेमाघरन में ले सकेनी बलुक ओटीटी पs देख के भी देख सकेनी। एह हफ्ता ओटीटी प्लेटफार्म पs कई गो थ्रिलर, हॉरर आ एक्शन से भरल फिलिम देखे खातिर तइयार रहीं। ‘एस्पिरेंट्स 2’, ‘दुरंगा 2’ से लेके ‘चंद्रमुखी 2’, ‘सिस्टर डेथ’ तक आप ओटीटी पs शानदार फिलिम अवुरी वेब सीरीज देख सकतानी। इहाँ रउआ पूरा लिस्ट देखे जा रहल बानी…

•एस्पिरेंट्स 2

प्लेटफार्म – अमेजन प्राइम वीडियो

रिलीज के तारीख – 25 अक्टूबर

टीवीएफ के सबले बड़का हिट सीरीज ‘एस्पिरेंट्स 2’ आपन दुसरका सीजन के साथे वापस आ गइल बा जवन यूपीएससी के दुनिया पs आधारित बा। पहिला सीजन में अभिलाष, गुरी आ एसके के किरदार निभावत देखल गइल। दिल्ली के राजिंदर नगर में उनुका यूपीएससी के तइयारी के कठिन राह के सामना करे के पड़ल। नया सीजन में संदीप आ अभिलाष के रिश्ता देखावल गइल बा। एह सीरीज के रउरा अमेजन प्राइम वीडियो पs देख सकीलें।

•बर्निंग बिट्रेयल

प्लेटफार्म – नेटफ्लिक्स

रिलीज के तारीख – 25 अक्टूबर

ई सीरीज एगो एकाउंटेंट के कहानी ह जे अपना मंगेतर से बदला लेत बा। एह सीरीज में देखल जाला कि एगो लइकी, जे बियाह आ अपना प्यार में विश्वास करत रहे। ओकरा से धोखा हो जाला, जेकरा बाद कहानी एकदम बदल जाला। एह धारावाहिक के कहानी काफी रोचक बा। एकरा के रउरा नेटफ्लिक्स पs देख सकीलें।

लाइफ ऑन अवर प्लैनेट

प्लेटफार्म – नेटफ्लिक्स

रिलीज के तारीख – 25 अक्टूबर

अगर रउरा जानवरन के जिनिगी के बारे में जाने के इच्छुक बानी तs ई शो खाली रउरा खातिर बा।‘लाइफ ऑन आवर प्लैनेट’ में हमनी के पृथ्वी के अस्तित्व आ विकास के रोमांचक कहानी देखे के मिलेला। ई सीरीज नेटफ्लिक्स पs स्ट्रीमिंग होखी। •मास्टर पीस

प्लेटफॉर्म – 25 अक्टूबर

रिलीज डेट – डिज्नी प्लस हॉटस्टार

ई एगो पारिवारिक ड्रामा सीरीज ह। एकरा के रउरा दू गो भाषा मलयालम आ हिंदी में देख सकेनी। अगर रउरा प्यारा पारिवारिक नोंकझोंक देखल चाहत बानी तs ई सीरीज रउरा खातिर सबसे बढ़िया विकल्प बा। श्रीजीत एन-निर्देशित आ मैथ्यू जॉर्ज के निर्माता एह टेलीविजन शो में रेंजीरेन्जी पणिक्कर, माला पार्वती, शांति कृष्णा आ अउरी लोग मुख्य भूमिका में बा। रउरा एकरा के डिज्नी प्लस हॉटस्टार पs देख सकीलें.

सिस्टर डेथ

प्लेटफॉर्म – नेटफ्लिक्स

रिलीज डेट – 27 अक्टूबर

हॉरर फिल्म ‘सिस्टर डेथ’ 27 अक्टूबर के ओटीटी पs रिलीज होखी। अगर रउरा हॉरर फिल्म देखल पसंद बा तs रउरा ‘सिस्टर डेथ’ देख सकीलें। एह फिलिम के कहानी में बहुते सस्पेंस बा, जवन रउरा के रोंगटा खड़ा कs दी।

•कास्टअवे दिवा

प्लेटफार्म – नेटफ्लिक्स

रिलीज के तारीख – 28 अक्टूबर

कोरियाई ड्रामा सीरीज देखे के सनक दिन पs दिन बढ़त जात बा। अगर रउआ भी कोरियाई ड्रामा देखे के शौकीन बानी तs रउआ 28 अक्टूबर 2023 के नेटफ्लिक्स पs ‘कास्टअवे दिवा’ देख सकेनी। एह धारावाहिक में एगो लइकी के कहानी बा जे नीचे से ऊपर उठत बिया, ऊहो अपना मेहनत के आधार पs।

• चंद्रमुखी 2 

प्लेटफार्म – नेटफ्लिक्स

रिलीज के तारीख – 26 अक्टूबर

कंगना रनौत आजुकाल्हु अपना फिलिमन ‘तेजस’ आ ‘इमरजेंसी’ खातिर खबरन में बाड़ी। कंगना रनौत आ राघव लॉरेंस के फिलिम ‘चंद्रमुखी 2’ ओटीटी प्लेटफार्म पs रिलीज भइल बा। फिल्म ‘चंद्रमुखी 2’ ओटीटी प्लेटफार्म नेटफ्लिक्स पs 26 अक्टूबर के रिलीज भइल बा। ‘चंद्रमुखी 2’ तमिल हिट हॉरर-कॉमेडी फिल्म ‘चंद्रमुखी’ के सीक्वल ह।

 

 

 

 

 

670480cookie-checkओटीटी पs देखीं इ धमाकेदार फिलिम आ वेब सीरीज, एंटरटेनमेंट के होइ डबल धमाका

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.