[the_ad_group id="30365"]

FD करे के बा! जानीं कवन सरकारी बैंक दे रहल बा सबसे जादा ब्याज

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

पिछला दू महीना में बहुते सार्वजनिक क्षेत्र के बैंक (पीएसयू) अपना फिक्स्ड डिपॉजिट (एफडी) ब्याज दर में बदलाव कइले बा. अगस्त महीना में फिक्स्ड डिपॉजिट के ब्याज दर में बदलाव करे वाला बैंकन में यूनियन बैंक, बैंक ऑफ इंडिया, पंजाब नेशनल बैंक आ अउरी कई गो बैंक शामिल बाड़े. ब्याज दर में बदलाव के बाद भारतीय यूनियन बैंक 333 दिन के एफडी पs सालाना 7.40% ले के सबसे जादा ब्याज दर दे रहल बा। जबकि सीनियर सिटीजन (60 साल आ ओकरा से अधिका उमिर के) के 0.50% अधिका ब्याज दिहल जा रहल बा आ सुपर सीनियर सिटीजन यानी 80 साल से ऊपर के लोग के एफडी पs 0.75% अधिका ब्याज दिहल जा रहल बा.

बैंक में एफडी पs मिलत बा ब्याज दर 

•एसबीआई के स्पेशल एफडी 

भारतीय स्टेट बैंक “अमृत वृष्टि” नाम से एगो नया सीमित अवधि के एफडी योजना शुरू कइले बा. अमृत ​​वृष्टि योजना में 444 दिन के एफडी पs सालाना 7.25% के आकर्षक ब्याज दर दिहल गइल बा. एह खास एफडी में बैंक शाखा, इंटरनेट बैंकिंग अवुरी योनो ऐप के माध्यम से निवेश कईल जा सकता।

•बैंक ऑफ इंडिया के स्पेशल एफडी 

बैंक ऑफ इंडिया स्पेशल डिपॉजिट के तहत आम नागरिकन के 7.30%, वरिष्ठ नागरिकन के 7.80% आ सुपर सीनियर सिटीजन के 7.95 प्रतिशत ब्याज दे रहल बा। 666 दिन खातिर 2 करोड़ रुपिया जमा कईला पs सीनियर सिटीजन के 7.80 प्रतिशत के दर से ब्याज मिली।

•बैंक ऑफ बड़ौदा के स्पेशल एफडी 

बैंक ऑफ बड़ौदा मानसून धमाका डिपॉजिट स्कीम लेके आइल बा। एह विशेष एफडी योजना में 399 दिन खातिर सालाना 7.25% आ 333 दिन खातिर 7.15% के दर से ब्याज दिहल जा रहल बा।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]