13 राज्यन के 88 सीटन पs बिहान होई वोटिंग, 2019 में भाजपा 50, कांग्रेस 21 आ NDA के सहयोगी दल आठ सीट जीतले रहे

Share

2024 लोकसभा चुनाव के सेकेंड फेज में सुक (26 अप्रिल) के 12 राज्यन आ एगो केंद्र शासित प्रदेश के 88 सीटन पs वोटिंग होई।

पहिले एह फेज में 89 सीटन पs वोटिंग होखे के रहे, बाकिर मध्य प्रदेश के बैतूल सीट पs बसपा प्रत्याशी के निधन के बाद एह सीट पs अब सात मई के चुनाव होई।

2019 में एह सीटन पs सबसे जादे भाजपा के 50 आ NDA के सहयोगी दल आठ सीट जीतले रहली सs। कांग्रेस के खाता में 21 सीट गइल रहे। अन्य के 9 सीट मिलल रहे।

चुनाव आयोग के मोताबिक, इलेक्शन के दूसरका फेज में 1,198 कैंडिडेट्स मैदान में बा लो। एमे 1,097 पुरुष आ 100 महिला उम्मीदवार बा लो। एगो प्रत्याशी थर्ड जेंडर बा लो।

एसोसिएशन फॉर डेमोक्रेटिक रिफॉर्म (ADR) 1,192 उम्मीदवारन के हलफनामा में दिहल गइल जानकारी पs एगो रिपोर्ट तइयार कइले रहे। एमे से 21% माने 250 उम्मीदवार पs क्रिमिनल केस दर्ज बा।

390 माने 33% उम्मीदवार करोड़पति बा लो। एह लोगन के एक करोड़ भा ओकरा से जादे के संपत्ति बा। छव उम्मीदवार आपन संपत्ति शून्य बतवले बा, जबकि तीन के लगे 500 से 1,000 रुपिया के संपत्ति बा।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-